शकीरा

शकीरा इसाबेल मेबारक रिपोल एगो मशहूर कोलंबियाई गायिका, गीतकार आ डांसर हई। उनुका के "लैटिन संगीत के रानी" कहल जाला।[1] उनुकर जन्म 2 फरवरी 1977 के कोलंबिया में भइल रहे। ऊ आपन शानदार गाना आ डांस खातिर पूरा दुनिया में बहुत मशहूर बाड़ी।
ऊ दुनिया भर में हिस्पानोफोन (स्पेनी भाषा बोले वाला) संगीत के पॉपुलर बनावे के श्रेय पावेली, जवना से वैश्विक स्तर पर स्पेनी भाषा के सीखे आ इस्तेमाल करे में बढ़ोतरी भइल। एकरा साथे, अंतरराष्ट्रीय संगीत बाजार में दुसरा लैटिन कलाकारन खातिर राह खोले के श्रेय भी उनकरा के दिहल जाला। उनकरा चार गो ग्रैमी अवार्ड आ 15 गो लैटिन ग्रैमी पुरस्कार मिल चुकल बा।
शकीरा 14 बरिस के उमिर में सोनी म्यूजिक कोलंबिया के साथे अपना सिंगिंग करियर के शुरुआत कइली। पिएस देस्काल्जोस (1995) आ दोन्दे एस्तान लोस लाद्रोनेस? (1998) एल्बम से ऊ व्यापक पहचान हासिल कइली। उनकर पहिल अंग्रेजी एल्बम लॉन्ड्री सर्विस (2001) दुनिया भर में 1.3 करोड़ से बेसी कॉपी बिकाइल आ ई कवनो लैटिन महिला कलाकार के सबसे बेसी बिकाये वाला एल्बम बन गइल। एह सफलता के बाद उनकर स्पेनी भाषा के एल्बम फिखासियोन ओराल, खंड 1 (2005), साले एल सोल (2010), एल दोरादो (2017) आ लास मुहेरेस या नो योरान (2024) सभे बिलबोर्ड टॉप लैटिन एल्बम्स चार्ट पर पहिला स्थान हासिल कइलें। एह उपलब्धि के साथे शकीरा चार अलग-अलग दशक में एह चार्ट पर नंबर एक एल्बम देवे वाली पहिली महिला कलाकार बन गइली। उनकर अंग्रेजी एल्बम ओरल फिक्सेशन, खंड 2 (2005), शी वुल्फ (2009) आ शकीरा (2014) के भी दुनिया भर में प्लैटिनम दर्जा मिलल।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Zarczynski, Andrea. "As Latin Music Booms, Grammy Museum Honors Shakira". Forbes (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-06-15.
| ई लेख केहू गायक या गायिका पर एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |