Jump to content

व्लॉग

विकिपीडिया से

व्लॉग (अंग्रेजी: Vlog), जेकरा के बीडियो ब्लॉग भा बीडियो लॉग भी कहल जाला,ब्लॉगब्लॉग के एगो रूप ह, जवना में जानकारी देवे के मुख्य माध्यम बीडियो होला। व्लॉग के हर एंट्री में अक्सर एम्बेड कइल गइल बीडियो (भा बीडियो के लिंक) के साथे सहायक पाठ, तस्वीर आ दूसर मेटाडाटा भी शामिल रहे ला। एह एंट्री सभ के एके बेर में रिकॉर्ड कइल गइल हो सके ला, चाहे कई गो हिस्सा में काट के तैयार कइल हो सके सके ला। पारंपरिक ब्लॉगिंग नियर, बीडियो ब्लॉगिंग (भा व्लॉगिंग) के भी मुख्य ध्यान कंटेंट बनावे वाला के निजी विषयन पर रहे ला। उदाहरण खातिर, मेकअप रूटीन, किताबन के सिफारिश आ पकवान बनावे के बीडियो।

व्लॉग के दू गो मुख्य शैली होला। पहिली "टॉकिंग-हेड" बीडियो, जवना में कैमरा एके जगह टिकल रहे ला आ व्लॉगर कवनो विषय पर बोलत चले ला। दूसर "फॉलो मी अराउंड" व्लॉग, जवना में व्लॉगर कैमरा अपना साथे लेके चलेला आ दिन भा हप्ता भर के अपना गतिविधियन के अलग-अलग हिस्सा रिकॉर्ड करे ला।

बीडियो लॉग (व्लॉग) में अक्सर वेब सिंडिकेशन के भी इस्तमाल कइल जाला, जेकरा से बीडियो के इंटरनेट पर बाँटल जा सके। एह काम खातिर आरएसएस भा एटम सिंडिकेशन प्रारूप के इस्तमाल होला, जवना से मोबाइल डिवाइस आ निजी कंप्यूटर पर बीडियो के अपने-आप एक जगह इकट्ठा कइल आ चलावल जा सकेला। बीडियो साझा करे वाला मंच यूट्यूब पर व्लॉग सबसे पॉपुलर कटेगरी बा।