Jump to content

वैभव सूर्यवंशी

विकिपीडिया से
वैभव सूर्यवंशी
2025 में सूर्यवंशी
Personal information
जनम (2011-03-27) 27 मार्च 2011 (उमिर 15)
समस्तीपुर, बिहार, भारत
बैटिंगबाँयहत्था
बॉलिंगस्लो लेफ्ट आर्म ओर्थोडॉक्स
रोलटॉप-ऑर्डर
Domestic team information
YearsTeam
2023–अबतकबिहार क्रिकेट टीम
2025–अबतकराजस्थान रॉयल्स
Career statistics
Competition FC LA टी20
Matches 8 8 33
Runs scored 207 353 1,381
Batting average 17.25 44.12 43.16
100s/50s 0/1 1/1 4/5
Top score 93 190 144
Balls bowled 84 60 17
Wickets 2 0 0
Bowling average 28.50
5 wickets in innings 0
10 wickets in match 0
Best bowling 1/7
Catches/stumpings 2/– 3/– 2/–
Medal record
पुरुष क्रिकेट
Representing  भारत
ICC U19 World Cup
Winner2026 Zimbabwe & Namibia{{{3}}}
ACC U19 Asia Cup
Runner-up2024 UAE{{{3}}}
Runner-up2025 UAE{{{3}}}
Source: ESPNcricinfo, 26 May 2026

वैभव सूर्यवंशी (जनम 27 मार्च 2011) एगो भारतीय क्रिकेटर बाड़ें जे बिहार क्रिकेट टीम खातिर घरेलू क्रिकेट आ राजस्थान रॉयल्स खातिर इंडियन प्रीमियर लीग में खेले लें। बायां हाथ के बल्लेबाज के रूप में ऊ जनवरी 2024 में फर्स्ट क्लास क्रिकेट में पदार्पण कइलें। ऊ भारतीय लिस्ट ए में डेब्यू करे वाला अबतक के सभसे कम उमिर के आ इंडियन प्रीमियर लीगवो में डेब्यू करे वाला सभसे कम उमिर के खेलाड़ी बन गइल बाड़ें।[1]

सुरुआती जिनगी

[संपादन करीं]

वैभव सूर्यवंशी के जनम 27 मार्च 2011 के ताजपुर में भइल रहे, जवन बिहार के समस्तीपुर जिला के मिथिला क्षेत्र में स्थित एगो कस्बा हवे। उनकर बाबूजी संजीव सूर्यवंशी, जे खुद एगो उभरत क्रिकेटर रहलें, उनकर क्रिकेट करियर के आकार देवे में महत्त्वपूर्ण भूमिका निभवले। वैभव अपना होमटाउन में चार साल के उमिर से क्रिकेट के ट्रेनिंग शुरू कइलें।

उनकर टैलेंट देख के पिता आठ साल के उमिर में उनका के मनीष ओझा के जेननेक्स्ट क्रिकेट ऐकेडमी में दाखिला दियवलें, जवन पटना में स्थित बा। ट्रेनिंग खातिर वैभव आ उनकर पिता एक दिन छोड़ के एक दिन लगभग 100 किलोमीटर के दूरी तय क के समस्तीपुर से पटना जाइल करे। उनकर बचपन के कोच ओझा उनका के तेजी से सीखे वाला खिलाड़ी बतावे लें। वैभव वेस्ट इंडीज के महान बल्लेबाज ब्रायन लारा के फैन बाड़ें।

  1. "Anderson, 42, fails to earn IPL deal but 13-year-old signed". BBC Sport. 25 November 2024. Retrieved 25 November 2024.