वीडियो गेम
बीडियोगेम, वीडियो गेम, कंप्यूटर गेम, भा खाली गेम एगो इलेक्ट्रॉनिक गेम (खेल) ह, जवना में यूजर इंटरफेस भा कवनो इनपुट डिवाइस—जइसे जॉयस्टिक, कंट्रोलर, कीबोर्ड भा मोशन सेंसर वाला डिवाइस—के इस्तेमाल करके गेम में कवनो एक्शन कइल जाला। एकरा के बदला में डिस्प्ले डिवाइस से देखलाई पड़े वाला रिएक्शन (विजुअल फीडबैक) मिलेला। ई देख्लाई पड़े वाला चीज आमतौर पर टीवी, कंप्यूटर मॉनिटर, फ्लैट-पैनल डिस्प्ले भा टचस्क्रीन पर वीडियो के रूप में देखाई देला। मोबाइल जइसन हाथ में पकड़ के चलावे वाला डिवाइस आ वर्चुअल रियलिटी हेडसेट पर भी वीडियो गेम खेलल जा सकेला।
आजकल के अधिकतर बीडियोगेम ऑडियो-विजुअल होखे लें, मने की इनहन में आवाज आ चित्र दुनु रहे ला। आवाज आमतौर पर स्पीकर भा हेडफोन से सुनल जाला। कुछ गेम में दूसर तरह के संवेदनात्मक फीडबैक भी मिलेला, जइसे हैप्टिक टेक्नोलॉजी, जे छुअले जइसन एहसास करावे ला।
कुछ वीडियोगेम में माइक्रोफोन आ वेबकैम से इनपुट देवे के सुविधा भी होला। एकर इस्तेमाल गेम खेलत समय वॉइस चैट करे आ लाइवस्ट्रीमिंग खातिर कइल जा सके ला।
| ई बीडियोगेम-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |