Jump to content

विश्व मौसम विज्ञान संगठन

विकिपीडिया से
World Meteorological Organization
छोट नाँवWMO
बनल23 मार्च 1950; 76 साल पहिले (1950-03-23)
प्रकारयूनाइटेड नेशंस के स्पेशलाइज्ड एजेंसी
कानूनी स्टेटसएक्टिव
मुख्यालयजेनेवा, स्विटजरलैंड
हेड
प्रेसिडेंट
Abdulla Al Mandous, UAE
(since 2023)[1]
Secretary-General
Celeste Saulo, Argentina
since 2024
महतारी संस्था
यूनाइटेड नेशंस इकोनॉमिक एंड सोशल काउंसिल
वेबसाइटwmo.int

विश्व मौसम विज्ञान संगठन (अंग्रेजी: World Meteorological Organization), संछेप नाँव डब्ल्यूएमओ (WMO) यूनाइटेड नेशंस के एगो स्पेशलाइजेशन वाली एजेंसी हवे, जे मौसम बिज्ञान, वायुमंडलीय विज्ञान, जलवायु विज्ञान, हाइड्रोलॉजी आ भूभौतिकी के क्षेत्र में इंटरनेशनल सहयोग के बढ़ावा देवे खातिर जिम्मेदार बा।[2][3]

डब्ल्यूएमओ के शुरुआत इंटरनेशनल मौसम विज्ञान संगठन (आईएमओ) के रूप में भइल, जवन 1873 में स्थापित एगो गैर-सरकारी संगठन रहे। एह संगठन के मकसद मौसम संबंधी आँकड़ा आ रिसर्च के आदान-प्रदान खातिर इंटरनेशनल मंच उपलब्ध करावल सुरू कइलस।[4] बाद में आईएमओ के स्थिति आ संरचना में सुधार करे के प्रस्ताव रखल गइल, जवना के परिणामस्वरूप 1947 में विश्व मौसम विज्ञान सम्मेलन (World Meteorological Convention) आयोजित भइल।[5] एह सम्मेलन के तहत औपचारिक रूप से विश्व मौसम विज्ञान संगठन के स्थापना कइल गइल।

ई सम्मेलन 23 मार्च 1950 से प्रभावी भइल, आ एकरा बाद 1951 में डब्ल्यूएमओ यूनाइटेड नेशंस सिस्टम के भीतर एगो अंतर-सरकारी संगठन के रूप में काम शुरू कइलस।

  1. "Executive Council opens with new office holders". public.wmo.int. 5 June 2023. Retrieved 28 August 2023.
  2. Staff writer (2024). "World Meteorological Organization (WMO)". UIA Global Civil Society Database. uia.org. Brussels, Belgium: यूनियन ऑफ इंटरनेशनल ऑर्गेनाइजेशंस. Yearbook of International Organizations Online. Retrieved 24 दिसंबर 2024.
  3. "History of WMO". World Meteorological Organization. 2 February 2016. Archived from the original on 7 December 2023. Retrieved 14 October 2018.
  4. "Who we are". World Meteorological Organization. 2 December 2015. Archived from the original on 28 March 2016. Retrieved 14 October 2018.
  5. "Basic Documents". library.wmo.int. Archived from the original on 2020-10-28. Retrieved 2023-09-23.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]