Jump to content

विश्वकर्मा पूजा

विकिपीडिया से
विश्वकर्मा पूजा
बिसकरमा पुजा के दिने अस्थापित एगो मुर्ती
अन्य नाँवबिसकरमा पुजा
मनावे वालाहिंदू (मुख्य रूप से आर्किटेक्ट, इंजीनियरी आ शिल्प वाला काम करे वाला लोग)
महत्त्वदेवता लोगन के वास्तुकार विश्वकर्मा के जनम दिन के रूप में
समयकन्या संक्रांति (सुरुज के हिसाब से निरयन सिस्टम में)
भादो के आखिरी हिस्सा में पड़े ला।
केतना बेरसालाना

विश्वकर्मा पूजा (संस्कृत: विश्वकर्मापूजा, romanized: Viśvakarmāpūjā)[1], जेकरा के विश्वकर्मा जयंती आ आम बोलचाल में बिसकरमा पुजा के नाँव से जानल जाला, हिंदू देवता विश्वकर्मा (बिसकरमा बाबा) के समर्पित एगो हिंदू धार्मिक परब ह। हिंदू मान्यता में विश्वकर्मा एगो देवता हवें जिनका के देवलोक के वास्तुकार (आर्किटेक्ट भा शिल्पी) मानल जाला।[2]

ई हिंदू कैलेंडर के सुरुज आधारित तिहुआर हवे जे निरयन सिस्टम के हिसाब से कन्या संक्रांति के दिन पड़े ला; जवना दिने सुरुज कन्या राशि में प्रवेश करे लें। अंग्रेजी कलेंडर के हिसाब से ई हर साल 16 से 18 सितंबर के बीच[3] (बहुधा 17 सितंबर के), हिंदू महीना भादो के आखिरी कुछ दिन में ई पर्व मनावल जाला।[4] भारत के अलावे नेपालो में विश्वकर्मा पूजा धूमधाम से मनावल जाला। कुछ लोग अक्टूबर–नवंबर में दिपावली के एक दिन बाद गोवर्धन पूजा (गोधना) के संगहूँ विश्वकर्मा पूजा मनावे ला।[5]

  1. ↑ Dalal, Roshen (2010). Hinduism: An Alphabetical Guide (अंग्रेजी में). Penguin Books India. p. 137. ISBN 978-0-14-341421-6.
  2. ↑ Melton, J. Gordon (2011). Religious Celebrations: An Encyclopedia of Holidays, Festivals, Solemn Observances, and Spiritual Commemorations. ABC-CLIO. pp. 908–. ISBN 978-1-59884-205-0.
  3. ↑ "Vishwakarma Puja will be celebrated in the month of September, know the method of worship". Prabhat Khabar. 27 August 2024. Retrieved 11 September 2024.
  4. ↑ McDermott, Rachel Fell (2011-05-31). Revelry, Rivalry, and Longing for the Goddesses of Bengal: The Fortunes of Hindu Festivals (अंग्रेजी में). Columbia University Press. p. 244. ISBN 978-0-231-52787-3.
  5. ↑ Shobna Gupta (2010). Festivals Of India. Har-Anand Publications. pp. 84–. ISBN 978-81-241-1277-9.