विकिपीडिया:के बारे में: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
Content deleted Content added
date not confirmed
+ बाहरी कड़ी
लाइन 16: लाइन 16:


== भोजपुरी विकिपीडिया ==
== भोजपुरी विकिपीडिया ==
भोजपुरी वीकिपीडिया के शुरुआत साल 2007 में भइल आ एकरा बाद भोजपुरी मेँ लोग लेख लिखके डाले लगलन। भोजपुरी विकिपीडिया के चाल एकदमे धीरे बा काहे कि भोजपुरी मेँ लेख लिखे वालन लोग के कमी बा। आज भोजपुरी विकिपीडिया मेँ '''[[विशेष:Statistics|{{NUMBEROFARTICLES}}]]''' लेख बा। जे धीरे धीरे बढ़ रहल बा। पिछला बरिस 2014 में इहाँ लेख की संख्या में लगभग दूना बढ़ती देखल गइल।
भोजपुरी वीकिपीडिया के सुरुआत साल 2007 में भइल आ एकरा बाद भोजपुरी में लोग लेख लिखके डाले लगलन। भोजपुरी विकिपीडिया के चाल एकदमे धीरे बा काहे कि भोजपुरी में लेख लिखे वालन लोग के कमी बा। वर्तमान में, भोजपुरी विकिपीडिया में बिबिध बिसय सभ पर '''[[विशेष:Statistics|{{NUMBEROFARTICLES}}]]''' लेख बाड़ें इनहन के गिनती धीरे-धीरे बाकी लगातार बढ़ रहल बा।


== बाहरी कड़ी ==
{{external media | width = 210px| float = right
| video1 =[https://www.ted.com/talks/jimmy_wales_on_the_birth_of_wikipedia Jimmy Wales: The birth of Wikipedia], 2005 TED (कॉन्फ्रेंस), 20 मिन.}}
* [[wmf:Mission|Mission statement]] – The [[Wikipedia:Wikimedia Foundation|Wikimedia Foundation]]
* [[wmf:Values|Wikimedia values]] – The six values of the Wikimedia Foundation
* [[wmf:Frequently asked questions|In a nutshell, what is Wikipedia? And what is the Wikimedia Foundation?]] – The Wikimedia Foundation
* [[meta:Founding principles|Wikimedia founding principles]] – Principles generally supported by all of the Wikimedia communities
* [http://www.ncbi.nlm.nih.gov/pmc/articles/PMC2947980 Ten Simple Rules for Editing Wikipedia]


[[श्रेणी:विकिपीडिया| ]]
[[श्रेणी:विकिपीडिया| ]]

14:08, 5 मई 2018 तक ले भइल बदलाव

फेसबुक ट्विट्टर

विकिपीडिया

विकिपीडिया इंटरनेट पर आधारित एगो फ्री आ खुला ज्ञानकोश ह। ई विकि की रुप मेँ बा, मने कि एगो अइसन तरीका से आपस में जुड़ल पन्ना के भंडार जहाँ सभ केहू के संपादन करे के छूट बा आ मोका दिहल जाला। विकिपीडिया शब्द विकि अउर इनसाइक्लोपीडिया (ज्ञानकोष) शब्दन के मिला के बनल बा। विकि (wiki) एगो कंप्यूटर के भाषा हवे जेवना में ई ज्ञानकोश बनल बाटे। विकिपीडिया एगो बहुभाषी प्रोजेक्ट ह, अउर स्वयंसेवकन के सहकार से निर्मित बा, जेहु के भी इंटरनेट तक पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा अउर लेख कुल के संपादन कर सकत बा। विकिपीडिया के मुख्य सर्वर टैम्पा, फ्लोरीडा, अमेरिका में बा, अउरी दूसर सर्वर एम्सटर्डम अउर सियोल में बानें।

निपुण लोगन द्वारा बनावल गइल ज्ञानकोश न्यूपीडिया की सहजोगी की रूप में 29 जनवरी, 2001 मेँ एकर शुरुआत भइल। अब ई विकिमीडिया फाउन्डेशन द्वारा चलावल जात बा जेवन एगो गैर-लाभकारी संस्था ह। 2006 की बिचा में ए प्रोजेक्ट मेँ 46 लाख से भी ज्यादा लेख रहल, खाली अंग्रेज़ीये भाषा में 12 लाख से भी ढेर लेख रहल जेवन बढ़ के अब 4 लाख से अधिका हो चुकल बाटे। ई 285 से भी ज्यादा भषवन में बा, जे मेँ से 15 भषवन में 50 हज़ार से भी ज्यादा लेख बा। जर्मन भाषा के विकिपीडिया के डीवीडी में भी वितरित करल गइल बा। विकिपीडिया के संस्थापक जिमी वेल्स के शब्दन में ई "विश्व के हर बेकति के खातिर, उनकर आपन भाषा में एगो बहुभाषीय, मुक्त, सबसे ढेर मुमकिन गुणवत्ता वाला विश्वकोश बनावे आ वितरित करे के एगो कोसिस ह।"

हालांकि विकिपीडिया क विश्वस्तता आ सत्यता पर विवाद भी होखत बा। वेबसाईट पर आसानी तथा बर्बरता के साथ संपादन करे के क्षमता, असमान गुणवत्ता आ कईयन भषवन में तथ्य के परोक्ष लोकप्रियता के प्राथमिकता इत्यादि क ढ़ेरे आलोचना भइल बा। तबो ई के मुक्त वितरण, निरंतर आ काफी संख्या में बदलाव, विभिन्न क्षेत्रन आ भषवन के समावेश से इ के इंटरनेट पर विश्व के सबसे अधिक लोकप्रिय निर्देशिका संसाधन में से एगो बन चुकल बा।

विकिपीडिया के खातिर धन के व्यवस्था विकिमीडीया फाउन्डेशन के ज़रिये होखेला। वर्ष 2005 के चौथा तिमाही में इ के जरुरत 3,21,000 अमरीकन डॉलर रहल, जे में 60% हार्डवेयर के खातिर आवश्यक रहल।

विकिपीडिया के मई 2004 में दुगो प्रमुख सम्मान मिलल: पहिला प्रिक्स आर्स इलेक्ट्रोनिका द्वारा गोल्डन नीसा फार डिजीटल कम्युनीटीज़; दुसरा कमुनिटी क्षेत्र में जजवन द्वारा वेबी सम्मान। साथे ही विकिपीडिया के कईगो स्रोतन से प्रशंसा भी मिलल बा, जे में प्रमुख ब: बीबीसी न्युज़, वाशिंगटन पोस्ट, द इकोनॉमिस्ट, न्यूज़ वीक, टाइम मैगज़ीनरीइडर-डाइजेस्ट। टाइम मैगज़ीनवा विकिपीडिया के संस्थापक जिमी वेल्स के वर्ष 2006 के विश्व के 100 सबसे प्रभावशाली व्यक्तियन में से एगो बतावल। विकिपीडिया के अब 6 अरब से ज़्यादा लेख बा 285 भाषा में।

विभिन्न भषवन में संस्करण

जुलाई 2006 तक विकिपीडिया मेँ 151 भषवन में सक्रिय संस्करण रहल, अब कुल 294 भषवन में संस्करण बा जे लेख की संख्या कि मामले में अलग-अलग अवस्था में बा। अलग भषवन के संस्करण आपन स्वतंत्र रूप से कार्य करेला। इ संस्करणन के अंशवन के एक-दूसरा से कौनो संबंध नईखे, न ही ई लेखवन के कौनो संबंध बा, आ ना ही कौनो लेखवन के एक भाषा से दोसरा भाषा में अनुवाद के जरुरत। विकिपीडिया में स्वचालित अनुवाद के स्पष्ट निषेध बा, हालांकि निपुण लोगवन द्वारा अनुवाद के स्वागतो होखेला । भिन्न भषवन के संस्करणन के समान नीति जैसे कि "निष्पक्ष दृष्टिकोण" के जरिए बांधल गईल बा। लेख आ चित्र के भिन्न संस्करणन के बीच इंटरविकि (interwiki) के जरिए जोड़ल जा सकत बा, लेखवन के अनुवाद के खातिर अनुरोध भी कईल जा सकत बा। हालांकि अनुवादित लेख काफी कम संख्या में बा। अलेक्क्षा (Alexa) के अनुसार अंग्रेजी विकिपीडिया कुल ट्रैफिक के केवल 60% ही प्राप्त करेला। जबकि अन्य 40% भिन्न भषवन में बा। मुख्य भषवन में अंग्रेजी, जर्मन, फ्रांसीसी, पोलिश, जापानी, डच, स्वीडिश, इतालवी, पुर्तगालीस्पैनिश शामिल बाड़न।

भोजपुरी विकिपीडिया

भोजपुरी वीकिपीडिया के सुरुआत साल 2007 में भइल आ एकरा बाद भोजपुरी में लोग लेख लिखके डाले लगलन। भोजपुरी विकिपीडिया के चाल एकदमे धीरे बा काहे कि भोजपुरी में लेख लिखे वालन लोग के कमी बा। वर्तमान में, भोजपुरी विकिपीडिया में बिबिध बिसय सभ पर 8,663 लेख बाड़ें आ इनहन के गिनती धीरे-धीरे बाकी लगातार बढ़ रहल बा।

बाहरी कड़ी

External video
Jimmy Wales: The birth of Wikipedia, 2005 TED (कॉन्फ्रेंस), 20 मिन.