पेरिस समझौता: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
Content deleted Content added
छो →‎top: clean up, replaced: अंग्रेजी → अंगरेजी using AWB
लाइन 56: लाइन 56:


[[श्रेणी:जलवायु बदलाव]]
[[श्रेणी:जलवायु बदलाव]]
[[श्रेणी:अंतर्राष्ट्रीय समझौता]]
[[श्रेणी:अंतर्राष्ट्रीय संधि आ समझौता]]
[[श्रेणी:पर्यावरण]]
[[श्रेणी:पर्यावरण]]

16:33, 22 अप्रैल 2018 तक ले भइल बदलाव

पेरिस समझौता
जलवायु बदलाव पर यूनाइटेड नेशंस के फ्रेमवर्क कन्वेंशन के तहत पेरिस समझौता
{{{image_alt}}}
  पार्टी
  दस्खत कर्ता
  यूरोपियन यूनियन के रैटीफिकेशन के तहत शामिल पार्टी
  यूरोपियन यूनियन के रैटीफिकेशन के तहत दस्खत कर्ता
Drafted30 नवंबर – 12 दिसंबर 2015
Signed22 अप्रैल 2016
Locationन्यू यार्क
Sealed12 दिसंबर 2015
Effective4 नवंबर 2016[1][2]
Conditionरैटीफिकेशन/Accession by 55 UNFCCC Parties, accounting for 55% of global greenhouse gas emissions
Signatories195[1]
Parties148[1]
Depositaryयूनाइटेड नेशंस के सेक्रेटरी-जनरल
Languagesअरबी, चीनी, अंगरेजी, फ्रांसीसी, रूसी आ स्पेनिश
Paris Agreement at Wikisource

पेरिस समझौता (अंग्रेजी: Paris Agreement, फ्रेंच: Accord de Paris), या पेरिस जलवायु समझौता एक ठो जलवायु संबंधी समझौता बाटे जे ग्रीनहाउस गैस के उत्सर्जन से संबंधित बा आ यूएनऍफ़सीसी के तहत साल 2020 तक समायोजन आ फंडिंग द्वारा सुरू कइल जाए वाला बा। समझौता के प्रारूप 195 देसन द्वारा यूएनऍफ़सीसी के पेरिस में भइल सम्मेलन में 12 दिसंबर 2015 के अंगीकार कइल गइल[3][4] जून 2017 तक ले 195 यूएनऍफ़सीसी सदस्य देस एह पर दस्खत क चुकल बाने, 148 एकरा के रैटिफाई क चुकल बाने।[1]

पेरिस समझौता के तहत, हर देस के ई खुद तय करे के बा कि ऊ बैस्विक गरमाव के रोके खातिर का लक्ष्य रखत बा,[5] एकरा के बाध्यकारी तरीका से लागू करे के कौनों प्राबिधान नइखे[6] , हर देस के एगो निश्चित लक्ष्य आ तारीख निर्धारित करे के बा।[7]

लक्ष्य

एह समझौता के लक्ष्य के बिबरन एकरे अनुच्छेद 2 में दिहल बा, यूएनएफसीसी के "लागू करे के बेहतर बनावल", आ एकरे खातिर:[8]

"(a) बैस्विक तापमान में होखे वाली बढ़ती के उद्योगीकरण के पहिले के समय के तुलना में 2 °C ढेर ताप के लेवल से नीचे रोकल आ अइसन कोसिस कइल कि ई ताप में होखे वाला बढ़ती 1.5 °C से नीचे रहे, अइसन चिन्हित करे के कारण ई बा कि एह काम द्वारा जलवायु बदलाव के रिस्क आ परभाव के महत्वपूर्ण तरीका से कम कइल जा सकी;
(b) जलवायु बदलाव के बुरा परभाव सभ के साथ सामंजस्य बनावे (एडाप्ट करे) के क्षमता बढ़ावल, आ जलवायु कठिनाई से निकले आ कम ग्रीनहाउस गैस छोड़े के एह तरीका से आगे बढ़ावल कि एकरा से खाद्य पदार्थ के उत्पादन में कमी न होखे;
(c) फाइनेंस के बहाव के कम ग्रीनहाउस गैस उत्सर्जन आ जलवायु कठिनाई से निकले वाला उपाय के साथ सामंजस्य वाला रस्ता पर ले जाइल।"

आगे, देसन के लक्ष्य ई रही कि "बैस्विक गर्माव के सभसे ऊँच स्तर के जेतना जल्दी हो सके हासिल क लिहल जाय" (ताकि एकरे बाद ई कम होखे सुरू होखे)। ई समझौता जैव-ईंधन के क्षेत्र में निवेश घटावे के कोसिस के रूप में देखल जा रहल बा।[9][10]

पेरिस समझौता दुनिया के पहिला ब्यापक (कम्प्रिहेंसिव) जलवायु समझौता हवे।[11]

हाल के चर्चा

1 जून 2017 के अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप ई घोषणा कइलेन कि अमेरिका देस पेरिस समझौता से आपन हर तरह के भागीदारी खतम क लेई हालाँकि, उनके अनुसार "बेहतर डील" खातिर आपसी सहमती बनावे के कोसिस कइल जा सके ले, जबकि यूरोपीय नेता लोग अउरी कौनों डील पर बात करे से मना कइल।[12] अपना राष्ट्रपति पद खातिर चुनाव परचार के समय ट्रंप के कहनाम रहे कि ऊ एह समझौता से हट जइहें आ एह काम से अमेरिकी बिजनेस आ कामगार लोग, बिसेसकर जैव-ईंधन के क्षेत्र के लोग के मदद मिली।[13][14] ट्रंप के कहनाम रहे कि ई काम उनके "अमेरिका फस्ट" (यानि अमेरिकी हित सभसे पहिले) के नीति के हिस्सा हवे।[15]

ट्रंप के आरोप बा कि एह समझौता के अनुसार भारत आ चीन नियर ढेर कार्बन उत्सर्जन करे वाला देसन के ऊ आर्थिक मदद काहें करें[16] जबकि एकरा से सभसे ढेर फायदा भारत आ चीन जइसन देसन के बा।[17] भारतीय नेता लोग कहल कि ट्रंप के एह फैसला से भारत के प्रतिबद्धता पर कौनों परभाव न पड़ी[17] भारत एह समझौता में बनल रही। भारतीय परधान मंत्री नरेंद्र मोदी के पेरिस दौरा (जून 2017) के समय उनके द्वारा घोषणा कइल गइल कि भारत जेतना लक्ष्य दिहल गइल बा ओकरा से आगे बढ़ के दुनिया के जलवायु बदलाव के रोके खाती कोसिस करी।[18]


इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. 1.0 1.1 1.2 1.3 "Paris Agreement". United Nations Treaty Collection. 8 जुलाई 2016.
  2. "Paris Climate Agreement Becomes International Law". ABC News.
  3. Sutter, John D.; Berlinger, Joshua (12 दिसंबर 2015). "Final draft of climate deal formally accepted in Paris". CNN. Cable News Network, Turner Broadcasting System, Inc. Retrieved 12 दिसंबर 2015.
  4. "Paris climate talks: France releases 'ambitious, balanced' draft agreement at COP21". ABC Australia. 12 दिसंबर 2015.
  5. अनुच्छेद 3, पेरिस समझौता (2015)
  6. Reguly, Eric (14 December 2015). "Paris climate accord marks shift toward low-carbon economy". Globe and Mail. Toronto, Canada. Retrieved 14 December 2015.
  7. Mark, Kinver (14 December 2015). "COP21: What does the Paris climate agreement mean for me?". BBC News. BBC. Retrieved 14 December 2015.
  8. "Paris Agreement, FCCC/CP/2015/L.9/Rev.1" (PDF). UNFCCC secretariat. Retrieved 12 December 2015.
  9. Vidal, John; Vaughan, Adam (13 December 2015). "Paris climate agreement 'may signal end of fossil fuel era'". The Guardian. Retrieved 3 November 2016.
  10. "New Paris climate agreement ratifications reaffirm necessity to divest and break free from fossil fuels". 350.org. 21 September 2016. Retrieved 3 November 2016.
  11. "U.S. and China announce steps to join the Paris accord that set nation-by-nation targets for cutting carbon emissions". Cbs news. 3 September 2016. Retrieved 3 सितंबर 2016.
  12. Liptak, Kevin; Acosta, Jim (1 जून 2017). "Trump on Paris accord: 'We're getting out'". CNN. Retrieved June 1, 2017.
  13. Smilowitz, Elliot (June 1, 2017). "Trump: We are getting out of Paris climate deal". The Hill. Retrieved June 1, 2017.
  14. "Paris climate deal: Trump announces US will withdraw" (अंग्रेजी में). BBC News. June 1, 2017. Retrieved June 1, 2017.
  15. Easley, Jonathan (June 2, 2017). "Trump cements 'America First' doctrine with Paris withdrawal". The Hill. Retrieved June 2, 2017.
  16. "What Is The Paris Agreement, Why Trump Blamed India And China - जानिए क्या है पेरिस समझौता, क्यों बदनाम हुए भारत और चीन?, India News News In Hindi". amar Ujala. 2017-06-02. Retrieved 2017-06-07.
  17. 17.0 17.1 "अमरीकी फंड के लिए नहीं किया था पेरिस समझौता: हर्षवर्धन - BBC हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2017-06-07.
  18. "धरती मां के लिए पेरिस समझौता मंज़ूर: मोदी - BBC हिंदी". Bbc.com. Retrieved 2017-06-07.