पूर्वांचल: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
Content deleted Content added
संदर्भ में भाषा पैरामीटर ठीक कइल गइल
छो →‎संदर्भ स्रोत: clean up, replaced: April → अप्रैल using AWB
लाइन 34: लाइन 34:
;किताब
;किताब
* {{cite book|ref=harv|author=Louise Tillin|title=Remapping India: New States and their Political Origins|url=http://books.google.com/books?id=abENAQAAQBAJ&pg=PA197|date=1 October 2013|publisher=Hurst Publishers|isbn=978-1-84904-229-1}}
* {{cite book|ref=harv|author=Louise Tillin|title=Remapping India: New States and their Political Origins|url=http://books.google.com/books?id=abENAQAAQBAJ&pg=PA197|date=1 October 2013|publisher=Hurst Publishers|isbn=978-1-84904-229-1}}
*{{cite book|ref=harv|author=Ajay K Mehra|title=Emerging Trends in Indian Politics: The Fifteenth General Election|url=http://books.google.com/books?id=EG-vbArQhCIC&pg=PT207|date=3 April 2013|publisher=Routledge|isbn=978-1-136-19854-0}}
*{{cite book|ref=harv|author=Ajay K Mehra|title=Emerging Trends in Indian Politics: The Fifteenth General Election|url=http://books.google.com/books?id=EG-vbArQhCIC&pg=PT207|date=3 अप्रैल 2013|publisher=Routledge|isbn=978-1-136-19854-0}}
* {{cite book|ref=harv|author=Shankarlal C. Bhatt|title=Land and People of Indian States and Union Territories: In 36 Volumes. Uttar Pradesh|url=http://books.google.com/books?id=FCG5hGZ-hJsC&pg=PA277|year=2005|publisher=Gyan Publishing House|isbn=978-81-7835-384-5}}
* {{cite book|ref=harv|author=Shankarlal C. Bhatt|title=Land and People of Indian States and Union Territories: In 36 Volumes. Uttar Pradesh|url=http://books.google.com/books?id=FCG5hGZ-hJsC&pg=PA277|year=2005|publisher=Gyan Publishing House|isbn=978-81-7835-384-5}}



18:57, 8 मई 2017 तक ले भइल बदलाव

पूर्वांचल
देस भारत
क्षेत्रउत्तर भारत
प्रस्तावित राजधानीबनारस
आर्थिक राजधानीगोरखपुर
मंडल बिभाजन
भाषाभोजपुरी, हिंदी, उर्दू, अवधी

पूर्वांचल भारत के उत्तरी हिस्सा में मौजूद एक ठो क्षेत्र बाटे जहाँ के मुख्य भाषा भोजपुरी हवे। ई क्षेत्र में वर्तमान राज्य उत्तर प्रदेश के पूरबी हिस्सा आवे ला आ एकरा के एक ठो अलग राज्य के दर्जा देवे के माँग भी लंबा समय से उठ रहल बाटे। अलग-अलग प्रस्तावन के अनुसार एह राज्य में 17 गो[1] से ले के 27 गो[2][3] ले जिला सभ के सामिल करे के माँग उठावल गइल बा, कुछ प्रस्ताव में एह में पच्छिमी बिहार के भी कुछ जिला सभ के सामिल करे के बात कहल गइल बा।

भूगोलीय क्षेत्र के रूप में ई हिस्सा उत्तर में नेपाल, पूरुब में बिहार, दक्खिन में बघेलखंड, आ पच्छिमी ओर अवध क्षेत्र से घेराइल बाटे। ई इलाका दुनिया के सभसे घन बसल इलाका सभ में से एक बा। गंगा के मैदान के ठीक बीचोबीच स्थित ई इलाका उपजाऊ जमीन के चलते पुरान समय से घन खेती वाला इलाका हवे। हालाँकि, जनसंख्या के दबाव, खनिज संसाधन के कमी आ उद्योगीकरण के आभाव में ई इलाका आर्थिक बिकास के दौड़ में पिछड़ल बाटे। एकरे अलावा राजनीतिक उपेक्षा के भी एह इलाका के पिछड़ापन के कारण मानल गइल बा।

एह इलाका के बिकास लम्बा समय से राजनीतिक मुद्दा रहल बा हालाँकि एकर माँग बहुत जोर के नइखे।[4][5] 1991 में उत्तर प्रदेश सरकार पूर्वांचल बिकास निधि के स्थापना कइलस बाकिर एकरे लाभ के बँटवारा आ उचित उपयोग पर सवाल उठल बा।[6][7] पहिले भी उत्तर प्रदेश के बिभाजित करि के कई गो राज्यन के गठन के बात चल चुकल बा[8] आ हाल के समय में तेलंगाना राज्य के गठन के बाद से पूर्वांचलो के माँग के सुगबुगाहट तेज भइल बाटे।[9][10]

संदर्भ

  1. "List of districts in Purvanchal - INCREDIBLE PURVANCHAL". Incrediblepurvanchal.weebly.com. Retrieved 2016-10-17.
  2. Ajay K Mehra 2013.
  3. "Proposed Purvanchal Map". Mapsofindia.com. 2011-11-25. Retrieved 2016-10-17.
  4. Louise Tillin 2013, p. 197.
  5. {{ authors[i].name }}. "A Report on Demand for Creation of Small States in India". Scribd.com. Retrieved 2016-10-17.
  6. Shankarlal C. Bhatt 2005, p. 277.
  7. Express News Service (16 अगस्त 2010). "CAG raps UP for misusing funds for Bundelkhand". इंडियन ऍक्सप्रेस. Retrieved 17 अक्टूबर 2016.
  8. "Mayawati wants to divide UP into 4 states, other parties cornered". Ndtv.com. 2011-11-16. Retrieved 2016-10-17.
  9. "Demand for Purvanchal gathered momentum again - Navbharat Times" (अंग्रेजी में). Navbharattimes.indiatimes.com. 2016-06-03. Retrieved 2016-10-17.
  10. http://www.thehindu.com/2005/03/07/stories/2005030702770300.htm

संदर्भ स्रोत

किताब