अखबार: रिवीजन सभ के बीचा में अंतर

विकिपीडिया से
Content deleted Content added
+ कड़ी
छो →‎top: अंक बदलाव/चर्चा-वि:चौपाल (oldid=442074) using AWB
लाइन 9: लाइन 9:
अखबार अपना खबर खातिर खुद भी [[पत्रकार]] नियुक्त करे लें आ दूसरा [[समाचार एजेंसी]] सभ से भी खबर आ फोटो खरीदे लें।
अखबार अपना खबर खातिर खुद भी [[पत्रकार]] नियुक्त करे लें आ दूसरा [[समाचार एजेंसी]] सभ से भी खबर आ फोटो खरीदे लें।


साल २००५ के आसपास, पुरा दुनिया में रोज ,५८० अखबार छपें आ इनहन के ३९५० लाख कॉपी बिके।<ref>{{cite web|url=http://www.nieworld.com/cc/NewspaperADailyMiracle.pdf|title='&#39;A Daily Miracle: A student guide to journalism and the newspaper business'&#39; (2007)|format=PDF|date=|accessdate=21 May 2012}}</ref> बाद के समय में ऑनलाइन मीडिया के आगमन के बाद अखबारन के छपल संस्करण के बिक्री में गिरावट देखल गइल बाटे।
साल 2005 के आसपास, पुरा दुनिया में रोज 6,580 अखबार छपें आ इनहन के 3950 लाख कॉपी बिके।<ref>{{cite web|url=http://www.nieworld.com/cc/NewspaperADailyMiracle.pdf|title='&#39;A Daily Miracle: A student guide to journalism and the newspaper business'&#39; (2007)|format=PDF|date=|accessdate=21 May 2012}}</ref> बाद के समय में ऑनलाइन मीडिया के आगमन के बाद अखबारन के छपल संस्करण के बिक्री में गिरावट देखल गइल बाटे।


==इहो देखल जाय==
==इहो देखल जाय==

21:09, 12 अप्रैल 2017 तक ले भइल बदलाव

अखबार (अंग्रेजी: Newspaper, हिंदी: समाचारपत्र, उर्दू: اخبار) एक ठो धारावाहिक प्रकाशन[1][2][3] होला जे आमतौर पर समाचार (खबर), अउरी सूचना आ जानकारी परक लेख, आ परचार के सामग्री छापे ला। अक्सरहा ई एक ठो कम बढियाँ दर्जा के कागज, जेकरा के अखबारी कागज भी कहल जाला, पर छपे ला। बर्तमान में लगभग सगरी बड़ा अखबार सभ के ऑनलाइन प्रकाशन भी होत बाटे आ इनहन के ऑनलाइन अखबार या समाचार साइट कहल जाला।

अखबार, रोज-रोज, हप्तावार या महीना-वार छपे वाला हो सकेला जबकि कुछ हप्तावार छपे वाली अइसने चीज पत्रिका के रूप में होला जेकरा के साप्ताहिक पत्रिका कहल जाला।

आमतौर पर अखबार में राष्ट्रीय, अंतर्राष्ट्रीय आ लोकल स्तर के खबर; राजनीतिक बिस्लेषण, खेल जगत के खबर आ सिनेमासाहित्य से जुड़ल नया जानकारी छपे ला। लगभग सगरी प्रतिष्टित अखबारन में एक ठो पन्ना संपादकीय के भी होला आ आम-राय छापे के पन्ना भी होला जेकरा ऑप-ऍड पन्ना कहल जाला। दैनिक, यानि की रोज छपे वाला अखबार में साप्ताहिक रूप से अलग-अलग बिसय पर कुछ पन्ना के सप्लीमेंट भी छपे ला।

अखबार, पत्रकारिता के माध्यम के रूप में मीडिया के एक ठो प्रमुख अंग होला। ज्यादातर अखबार आजकाल बिजनेस बाड़ें जिनहन के आय के स्रोत बिक्री आ बिज्ञापन से बाटे। कुछ समाचार पत्र सरकारी फंडिंग वाला भी होलें (आंशिक भा पूरा तौर पर) जिनहन के जिंदा रहे खातिर कम मुश्किल हालत के सामना करे के पड़े ला। अखबार के चालू रहे आ लाभ में रहे खातिर कइल जाये वाला प्रयास के कारन अखबार के संपादकीय आजादी हमेशा केहू-न-केहू के इंटरेस्ट के बिसय रहे ला आ एही से ओह पर सवालिया निशान भी लगे ला।

अखबार अपना खबर खातिर खुद भी पत्रकार नियुक्त करे लें आ दूसरा समाचार एजेंसी सभ से भी खबर आ फोटो खरीदे लें।

साल 2005 के आसपास, पुरा दुनिया में रोज 6,580 अखबार छपें आ इनहन के 3950 लाख कॉपी बिके।[4] बाद के समय में ऑनलाइन मीडिया के आगमन के बाद अखबारन के छपल संस्करण के बिक्री में गिरावट देखल गइल बाटे।

इहो देखल जाय

संदर्भ

  1. "Newspaper". =DLIS — Online Dictionary for Library and Information Science. Abc-Clio. Retrieved 2015-07-08.{{cite web}}: CS1 maint: extra punctuation (link)
  2. "Serial". ODLIS — Online Dictionary for Library and Information Science. Abc-Clio. 2006-11-12. Retrieved 2012-08-06.
  3. "Periodical". ODLIS — Online Dictionary for Library and Information Science. Abc-Clio. Retrieved 2012-08-06.
  4. "''A Daily Miracle: A student guide to journalism and the newspaper business'' (2007)" (PDF). Retrieved 21 May 2012.

बाहरी कड़ी

  • NewsTornado – अखबार के सर्कुलेशन के बिस्वव्यापी नक्शा।