Jump to content

विन्सेंट वान गॉग

विकिपीडिया से
Vincent van Gogh
A head and shoulders portrait of a thirty something man, with a red beard, facing to the left
Self-Portrait, 1889, Musée d'Orsay
Born
Vincent Willem van Gogh

(1853-03-30)30 मार्च 1853
Zundert, Netherlands
Died29 जुलाई 1890(1890-07-29) (उमिर 37)
Auvers-sur-Oise, France
Resting placeCimetière d'Auvers-sur-Oise, France
49°04′31″N 2°10′44″E / 49.07531°N 2.17894°E / 49.07531; 2.17894
NationalityDutch
EducationAnton Mauve
Known forPainting, drawing still life, portraits and landscapes
Notable workThe Potato Eaters (1885)
Sunflowers (1887)
Bedroom in Arles (1888)
The Starry Night (1889)
Portrait of Dr. Gachet (1890)
Wheatfield with Crows (1890)
The Siesta (1890)
Church at Auvers (1890)
MovementPost-Impressionism

विन्सेंट विलेम वान गॉग (अंग्रेजी:Vincent Willem van Gogh; 30 मार्च 1853 – 29 जुलाई 1890) एगो डच चित्रकार रहलें। वान गॉग पोस्ट-इम्प्रेशनिस्ट पेंटर रहलें जे अपना मौत के बाद परसिद्धि पवलें आ पच्छिमी कला जगत में सभसे परसिद्ध आ परभाव छोड़े वाला कलाकार बन गइलें। उनुके पहिले पेंटिंग में इम्प्रेशनिज्म के जमाना रहे, जेकरा के परभाववाद भी कहल जाला, जेह में महीन ब्रश के चीन्हा आ रोशनी के सटीक चित्रण देखे के मिले ला। पोस्ट इम्प्रेशनिस्ट लोग एकरे बिपरीत बेसी चटक रंग के इस्तेमाल आ ब्रश के चीन्हा के ड्रामाई इस्तेमाल खातिर जानल जाला। वान गॉग एक दशक में लगभग 2,100 कलाकृति बनवलें जेह में लगभग 860 गो ऑयल पेंटिंग शामिल बाड़ी। इनहन में से ज्यादेतर उनके मौत के पहिले के दू बरिस के भीतर के बनावल हईं। एह पेंटिंग सभ में लैंडस्केप, स्टिल लाइफ़, पोर्ट्रेट आ खुद के बनावल पोर्ट्रेट शामिल बाड़ें। नाटकीय ब्रश स्ट्रोक, उदबेग आ अभिव्यक्ति से भरल ब्रश-स्ट्रोक वाली ई रचना सभ आधुनिक कला (मॉडर्न आर्ट) के नेईं रखली स। ऊ कामर्शियल रूप से बहुत सफल ना भइलें आ बस 37 बरिस के उमिर में उनके आत्महत्या लमहर समय के मानसिक बेमारी, डिप्रेशन आ गरीबी के परिणाम रहल।


बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]