विकिस्रोत
Appearance
विकिस्रोत एगो ऑनलाइन विकी-आधारित डिजिटल लाइब्रेरी हवे, जहाँ मुफ्त सामग्री वाला पाठ्य स्रोत सभ सहेजल जाला। एकर संचालन विकिमीडिया फाउंडेशन करेला। "विकिस्रोत" खुदा पूरा प्रोजेक्ट के नाँव हवे, आ ई हर भाषा खातिर अलग-अलग रूप में मौजूद बा। एकर मकसद हवे कि तरह-तरह के भाषा में फ्री टेक्स्ट आ अनुवाद सभ के संग्रहित कइल जाव। पहिले ई सिर्फ ऐतिहासिक रूप से जरूरी आ उपयोगी पाठ्य सामग्री के संग्रह खातिर सोचल गइल रहे, बाकिर बाद में ई एगो सामान्य डिजिटल लाइब्रेरी बन गइल। ई प्रोजेक्ट आधिकारिक रूप से 24 नवम्बर 2003 के "प्रोजेक्ट सोर्सबर्ग" नाँव से शुरू भइल, जे "प्रोजेक्ट गुटेनबर्ग" के नाँव पर एगो मजाकिया संकेत रहे। ओकरा बाद उहे साल "विकिस्रोत" नाँव राखल गइल आ एकरा खुद के डोमेन नाँव मिल गइल।
![]() | ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |