विकिपीडिया:एहिजा एगो ज्ञानकोश निर्माण खातिर

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:BUILDWP से अनुप्रेषित)

विकिपीडिया के मूलभूत आधार चीजन में एगो प्रमुख चीज हवे कि विकिपीडिया एगो ज्ञानकोश हऽ आ ओह सगरी संपादक लोगन के मंडलियो हवे जे लोग एकरा के बनावे ला। एकर मतलब ई भइल कि केहू संपादक एहिजा प्राथमिक रूप से एह ज्ञानकोश के लेखवन अउरी सामग्री के बेहतर बनावे में मदद करे खातिर आइल बा, मंडली के चर्चा आ प्रक्रिया सभ में रचनात्मक इनपुट उपलब्ध करावे खातिर आइल बा जेकर मकसद एह प्रोजेक्ट के अउरी हमनी के सामग्री के बेहतर बनावल बा, अइसन करे में प्रोजेक्ट के कुछ जरूरी निर्धारित मरजादा, दिसानिर्देसबड़हन मिशन के साथे अपना के साध के चले खातिर आइल बा — आ विकिपीडिया के नीति आ परंपरा सभ के मरजादा के भीतर रहि के करे खातिर आइल बा।

विकिपीडिया एगो सामूहिक सहकार वाली मंडली हवे — एगो सहकारिता समुदाय हवे, एही कारन, जे केहू लोगन के पर्सनल एजेंडा आ विकिपीडिया पर कामकाज एकरा मकसद के साथे टकराव वाला मालुम होखे ला अइसन संपादक लोगन के संपादन करे के मोका छिना जाये के खतरा रहे ला। अंगरेजी में — "here to build an encyclopedia" ("एहिजा एगो ज्ञानकोश निर्माण खातिर") एगो लमहर समय से स्थापित नियम हवे जे इहाँ रचनात्मक (कंस्ट्रक्टिव) आ गैर-रचनात्मक (नॉन-कंस्ट्रक्टिव) प्रयोगकर्ता आ पन्ना सभ के बीचा में अंतर करे के कामें आवे ला।

एहिजा एगो ज्ञानकोश निर्माण खातिर[संपादन करीं]

केहू प्रयोगकर्ता एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर बाटे, एह बात के कुछ लच्छन भा चीन्हा:

असली (जेनुइन) रुची आ सुधार
ज्ञानकोशीय सामग्री (लेख लिस्ट भा मीडिया) के सुधार में सच्चा आ ईमानदार रुची। एह में पूरा बिस्तार से देखल जाय तब कई किसिम के काम सामिल बाड़ें, लेखवन में मजिगर संपादन क के सामग्री जोड़ल/नया लेख लिखल से ले के अन्य महत्व वाला सहायक कामकाज (जइसे कि, कोडिंग, निगरानी, चाहे अउरी छोट-छोट सुधार कइल) सामिल बा। एह में सामग्री के सुधार आ समस्या निवारण संबंधी प्रक्रिया सभ में रचनात्मक सुधार शामिल बा आ नकारात्मक योगदान सभ से विकिपीडिया सामग्री के रक्षा कइल सामिल बा।
मूलभूत संपादन इस्टैंडर्ड सभ खातिर आदरभाव
विकिपीडिया के मूलभूत नीति-नियम आ दिसानिर्देस सभ के हिसाब से चलल आ काम कइल; सामग्री आ बेहवार नीति सभ के स्वीकार क के उनहन के आचरण में उतारल।
ज्ञानकोश निर्माण पर फोकस
ज्ञानकोश निर्माण में आ एकरे संपादकीय प्रासेस सभ में डाइरेक्ट आ सकारात्मक योगदान के तुलना में गैर-ज्ञानकोश-संबंधी योगदान के सीमित रखल।
खुद में सुधार आ सीख लिहले पर धियान दिहल
अगर गलती हो जाय, ओकरा के स्वीकार करे आ उनहन से सीख लेवे के कोसिस साफ़ देखलाई पड़त होखे। प्रयोगकर्ता इहाँ संपादन के गंभीरता से ले रहल बा आ आपन संपादन क्षमता आ इनपुट देवे के क्वालिटी में बेहतरी के ओर काम कइ रहल बा।

साफ तौर पर, एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर ना होखल[संपादन करीं]

नीचे दिहल गइल लच्छन ई बतावे लें कि प्रयोगकर्ता एहिजा साफ तौर पर ज्ञानकोश निर्माण खाती ना आइल बा:

सकेत निजी-इन्ट्रेस्ट चाहे आपन भा अपने खुद के बिजनेस के परमोशन
लेख लिखे चाहे लेखवन में संपादन करत समय सकेत निजी-रुची चाहे परमोशन आ परचार से जुड़ल हरकत
विकिपीडिया के सोशल साइट के रूप में मान के फोकस कइल
विकिपीडिया के इस्तेमाल कौनों सोशल साइट के रूप में कइल (रिज्यूमे, प्रोफाइल आ अउरी सोशल मीडिया टाइप पन्ना बनावल, वगैरह) जेकर प्राथमिक फोकस होखे
बिघटनकारी बेहवार के आम पैटर्न
लमहर समय के इतिहास अइसन होखे जे साबित करत होखे कि बेहवार बिघटनकारी बा आ कौनों सकारात्मक नीयत भा इरादा के लच्छन ना लउकत होखें
विकिपीडिया से बहरें पर्दर्शन खातिर नंबर बढ़ावल
अइसन संपादन कइल जिनहन के एकलौता मकसद विकिपीडिया से बहरें कौनों तिसरहा पार्टी के खुस करे खातिर होखे, बिना ई धियान दिहले की ऊ संपादन विकिपीडिया पर बच रहल बा कि ना (कि हटा दिहल जा रहल बा)। उदाहरण खातिर आपन धरम से जुड़ल लेख एह नीयत से संपादित कइल कि एकरा से देवी-देवता खुस हो जइहें; अपना जाति-धरम से जुड़ल लेखवन में अइसन संपादन कइल जवना से देखावे के मिले कि हमार अपनी जाति-धरम खातिर केतना समर्पण बा, वगैरह।
संपादन के लड़ाई के मैदान नियर मान के चलल
बहुत बेसी परचार के मंच नियर इस्तेमाल कइल, कौनों बिबादित चीज में एगो पक्ष रखे आ ओकरा के डिफेंड करे के काम, रोकल जाए पर अधिका उग्रता देखावल, आ अइसन अउरी कौनों संपादन जेकरा से साफ होखे कि प्रयोगकर्ता एहिजा लड़ाई करे चाहे विकिपीडिया से बहरें कौनों चल रहल बिबाद में एहिजा जुद्ध करे के नीयत से आइल बा न कि ज्ञानकोश के निर्माण खातिर। अगर केहू प्रयोगकर्ता बिबाद में बा, उमेद कइल जाला कि ऊ एह प्रोजेक्ट के लाभ के सभसे ऊपर रखे आ बिबाद के निपटारा करे। प्रयोगकर्ता के गुस्सा भा खिसियाहट अगर ओकरा के लड़ाई खोजे वाला बनावत होखे न कि ज्ञानकोश निर्माण में योगदान करे वाला।
बेइमानी आ धुर्तता वाला बेहवार
सिस्टम के साथे खेलवाड़ कइल, कई गो कठपुतली खाता चलावल चाहे अउरियो कौनों किसिम के संपादकीय बेईमानी। ब्यापक रूप से देखल जाय तब, विकिपीडिया भरोसा पर काम करे ले, अइसन क्रियाकलाप आ हरकत भरोसा के क्षीण करे लें आ इशारा करे ले कि प्रयोगकर्ता नोकसान करे में मजा ले रहल बा, नीक संपादन में आ रचनात्मक संपादन बेहवार में ओकर कौनों रुची नइखे।
बड़हन भा बेमेल बिचार अउरी इरादा संबंधी संघर्ष
एटिट्यूड के बड़हन संघर्ष, विकिपीडिया-संबंधी क्रियाकलाप में। केहू प्रयोगकर्ता अपना जीवन के इस्टाइल में, रहन-सहन में अतिवादी आ इहाँ तक ले कि क्रिमिनल विचार रखे वाला हो सके ला, चाहे बाकी प्रयोगकर्ता लोग के बिल्कुले नापसंद हो सके ला, आ एह सब के बादो "एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर" हो सके ला। हालाँकि, कुछ हरकत अपना स्वाभाविक रूप में विकिपीडिया पर संपादन करे के अधिकार के साथे बेमेल होखे लीं, जइसे कि केहू के कानूनी धमकी दिहल, हरासमेंट भा उत्पीड़न, विकिपीडिया से बाहर कौनों हरकत भा कार्रवाई के धमकी; ई सब ईहे देखलावे ला कि अइसन इरादा विकिपीडिया के बढ़ंती से न जुड़ल बा, एह प्रोजेक्ट के गंभीर क्षय करे वाला बा आ एकरे मकसद से गंभीर रूप से अलगा बाटे। संपादक लोग के एक दुसरे के साथ सहकर्मी के रूप में सहजता महसूस करे के चाहीं। सभ्य आचरण बरकरार रखल हर संबाद में जरूरी होला। मूलभूत एट्टीट्यूड में एगो सीमा से बेसी बिचालन के उमेद कइल बिबेकसंम्मत ना होखे ला, चाहे ऊ संपादन में होखे चाहे प्रोजेक्ट के समग्र कामकाज आ भावना से जुड़ल होखे।
ज्ञानकोश निर्माण से बेमेल लमहर-समय-वाला कौनों एजेंडा रखल
प्रयोगकर्ता लोग जे, विकिपीडिया-संबंधित ठोस-सबूत के आधार पर, अइसन बुझायँ जे अपना संपादन अधिकार के इस्तेमाल खाली कौनों आपन निजी पक्षधरता भा मंच के रूप में इस्तेमाल के अधिकार के बचाव खाती क रहल होखें (जइसे कि अन्य चीजन से संबंधित खाली कुछ बेसिक संपादन कइल "एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर" ना, बलुक ई अस्थापित करे खातिर कि ऊ लोग "प्रोडक्टिव संपादक" बा… जबकि उनहन लोगन के कामकाज आ करतब-कहनाम ई देखावत होखे कि उनहन लोगन के कौनों लमहर-इरादा अइसन बा जे "एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर" के मकसद से अलगा बाटे।
लमहर समय से चाहे
अतिवादी" इतिहास जे ई संकेत दे कि एह प्रोजेक्ट के असली लक्ष्य आ तरीका सभ के कीमत न बूझल जा रहल बा: एह में कई बेर मिलल चानस आ चेतावनी सामिल हो सके ला, जिनहन के दोबारा लवटे पर फिर से उलंघन कइल गइल भा उपेक्षा कइल गइल; अइसन वादा जे गंभीरता से ना लिहल गइल, उनहन के साथे धुर्तई कइल गइल, चाहे अउरी कौनों रूप में आपन जबान आ नीयत के मान ना रखल गइल।
जादे-से-जादा प्रयोगकर्ता अधिकार चाहे "अवार्ड" हासिल करे में रुची राखल (प्रयोगकर्ता अधिकार हासिल करे पर जरूरत से बेसी फोकस)
प्रयोगकर्ता लोग जे प्रयोगकर्ता अधिकार हासिल करे पर बहुत धियान दे रहल होखे, ओकरा खातिर नीति नियम के साथे खेलवाड़ क रहल होखे (उदाहरण खातिर अइसने संपादन भर पर बेसी फोकस जे कौनों अधिकार खाती नीति में बर्णित होखें, आ ओकरे बाद हवाला दे के अधिकार के माँग कइल)। जहाँ, विकिपीडिया पर अवार्ड (बार्नस्टार आ तारीफ) हासिल कइल अपने आप में ओभरआल कौनो नकारात्मक चीज ना हवे, उनहन के हासिल करे खातिर दावा भा माँग कइल, चाहे प्रयोगकर्ता अधिकार के आपन काम करे के सुबिधा आ जिम्मेदारी माने की बजाय ओकरा के आपन अधिकार बूझ के ओकर माँग कइल विकिपीडिया प्रोजेक्ट खातिर घातक प्रवृत्ति होखे ला आ ज्ञानकोश निर्माण के इरादा में बाधक होला; ई सब अवार्ड आ प्रयोगकर्ता अधिकार हासिल कइल ज्ञानकोश निर्माण के बड़हन मकसद के साधन हऽ, साध्य ना हो सके ला।
खाली भर प्रयोगकर्ता स्थान में संपादन कइल
प्रयोगकर्ता बस अपने प्रयोगकर्ता पन्ना आ उपपन्ना पर संपादन करे; ड्राफ्ट बनावे बाकी ओकर नीयत ड्राफ्ट के विकिपीडिया लेख के रूप बनावे के नीयत न लउकत होखे।

"एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर नाहीं" का ना हवे[संपादन करीं]

कुछ प्रयोगकर्ता लोग विकिपीडिया के सिद्धांतन के हिसाब से चल के ज्ञानकोश निर्माण में रुची रखे वाला हो सके ला बाकी उनहन लोगन के फोकस एरिया चाहे एप्रोच दुसरे प्रयोगकर्ता लोगन के लक्ष्य आ महत्व दिहल जाये वाला चीजन से अलगा किसिम के हो सके ला। अइसन दसा में जब दुनों योगदानकर्ता लोग ठीक नीयत से एह प्रोजेक्ट के बेहतर बनावे खातिर काम कइल चाहत होखे आ ओह लोगन में मतभेद पैदा हो जाय, एकरा के "एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर नाहीं" के रूप में ना बूझे के चाहीं।

निच् टॉपिक पर फोकस कइल
केहू प्रयोगकर्ता के रुची अइसन बिसेस आ कम जानल-बूझल जाए वाला टॉपिक में हो सके ला जे दुसरे प्रयोगकर्ता लोगन के तुच्छ आ बिना महत्त्व के बुझा सके लें, चाहे प्रयोगकर्ता अइसन सामग्री जोड़ सके ला जवन समझे-बूझे में दुरूह होखे। बिसय सभ के बिबिधता वाला रुची आ कई बिसय सभ में बिसेसग्यता वाला लोगन के इनपुट हमनी के एगो समग्र ज्ञानकोश बनावे में मददगार चीज होखे लें। अगर 16वीं सदी के कौनों रचना के बारे में आप न सुनले होखीं बाकी ओकरा के भरोसेमंद स्रोत सभ में ब्यापक कभरेज मिलल होखे — भले ऊ छपल रूप में चाहे बहुत बिसेसग्यता वाला जर्नल में छपल होखे — ओह रचना पर विकिपीडिया पर लेख बनावल जा सके ला।
कौनों बिसेस प्रक्रिया पर फोकस कइल
केहू प्रयोगकर्ता के रुची आधार लेख बनावे, लेखवन पर रखरखाव के टैग लगावे, इस्टाइल दिसनिर्देस के हिसाब से लेखवन में मामूली सुधार करे, लेखवन के हटावे खातिर नामांकित करे वगैरह काम सब में हो सके ला। ई सगरी काम ज्ञानकोश निर्माण में इनडाइरेक्ट तरीका से सहायक होखे लें। बहुत सारा "परदा के पाछे" चले वाला प्रक्रिया आ कामकाज जरूरी होखे लें जे ढेर संख्या में प्रयोगकर्ता लोगन के एक साथे काम करे में मदद करे लें। हर संपादक के "मंच पर आ के" प्रदर्शन कइल जरूरी ना बा, कि ऊ नया लेख बनावे चाहे नया नीति के ड्राफ्ट बनावे।
नीति आ दिसानिर्देस सभ में बदलाव के वकालत कइल
हमनी के मंडली भा समुदाय एगो ब्यापक बिबिधता वाला नजरिया सभन के कभर करे ला। केहू प्रयोगकर्ता के ई लाग सके ला कि समुदाय के कौनों रिवाज बहुत सकेत मानसिकता वाला बाटे आ मुद्दा के बहुत नीक तरीका से सोझुरावे में सक्षम नइखे, प्रयोगकर्ता अइसन कारवाई क सके ला जे ओह नजरिया के साथे बेमेल होखे, जइसे कि कौनों चर्चा में कौनों बिसेस नजरिया के पक्ष में वकालत क सके ला। अगर ई साबित होखे कि अइसन ईमानदार आ अच्छा नीयत से ज्ञानकोश के सुधार खातिर, रचनात्मक तरीका से कइल जा रहल बा, आ ई मान लिहल जाय कि प्रयोगकर्ता के खुद के योगदान सब बिघटनकारी ना बाड़ें, अइसन चर्चा सभ विकिपीडिया के पहिले से बेहतर बनावे के सुरुआत बने लीं।
कामकाज आ बेहवार के नियम सभ के, अच्छा नीयत होखे के बावजूद, कठिन पावल
कुछ प्रयोगकर्ता लोग संपादन कइल चाहे ला, उनहन लोगन के कुछ कामकाज आ बेहवार के स्थापित तरीका सभ मुश्किल बुझाला, जइसे की सहजोगिता के साथे काम कइल, निजी हमला करे से परहेज कइल, चाहे लेखवन में आपन राय जोड़ल। अइसन दसा सभ में उचित मार्गदर्शन द्वारा समाधान करे के कोसिस कइल जाए के चाहीं, आसान आ सहज तरीका से सलाह दे के समुझावल जाए के चाहीं कि विकिपीडिया के स्टैंडर्ड आ इस्टाइल के हिसाब से रख के कइसे योगदान चाहे री-एडिटिंग कइल जाय। कुछ केस अइसनो हो सके लें जहाँ चेतावनी के साथे कुछ समय खातिर दोस्ताना रोक लगावे के पड़ सके ला, चाहे लमहर समय खातिर प्रतिबंधो लगावे के पड़ सके ला। कौनों विकिपीडिया परंपरा के साथे सामंजस्य बइठावे में बिफलता — अपने आप में — एह बात के सबूत ना होला कि प्रयोगकर्ता सकारात्कमक रूप से योगदान करे के कोसिस नइखे करत। अइसन कुछ प्रयोगकर्ता लोगन के मदद जरूरत होखे ला, एह दसा में एकदम बेमरउअत आ बेपरवाह मत बनीं।
अनपॉपुलर राय — इहाँ तक कि, बहुते अनपॉपुलर राय होखे — गैर-बिघटनकारी तरीका से जाहिर कइल
खाली भर कौनो बदलाव के वकालत कइल चाहे ओकरा के विकिपीडिया लेख सभ में चाहे नीति सभ में भरोसेमंद स्रोत के साथे लागू कइल एहिजा एलाऊ बा; भले अइसन बदलाव विकिपीडिया के कुछ नीति आ दिसानिर्देस सभ के साथे बेमेल होखें, ई जरूरी तौर पर "एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर नाहीं" के उदाहरण ना कहल जा सके ला। जे संपादनकर्ता लोगन के अइसन बदलाव सभ से असहमति होखे ओह लोगन के धियान रखे के चाहीं कि उहो लोग विकिपीडिया के नीति आ दिसानिर्देस के उलंघन न क दे जइसे की, अइसन गैरपॉपुलर राय के पलटत समय खाली एह आधार पर पलट दिहल कि आम सहमती नइखे, बात समझावे खातिर हटा दिहल चाहे असभ्य तरीका से अइसन गैर-पॉपुलर बदलाव के पलट दिहल।