विकिपीडिया:मूल सामग्री नीति सभ

विकिपीडिया से
(विकिपीडिया:मूल नीति से अनुप्रेषित)

विकिपीडिया के सामग्री तीन ठो मुख्य नीति सभ, तटस्थ नजरिया, सत्यापनीयतामूल रिसर्च मनाही से निर्धारित होला। संपादन करे वाला लोग के एह तीनों नीति से परिचित होखे के चाहीं आ ई तीनों नीति एक साथे मिला के एक दुसरा के सहायता से पढ़े के चाहीं।

  1. तटस्थ नजरिया (विकिपीडिया:NPOV) – सगरी विकिपीडिया लेख या अन्य ज्ञानकोशीय सामग्री निश्चित रूप से तटस्थ नजरिया या निष्पक्ष दृष्टिकोण से लिखल जाये के चाहीं। अगर कौनों बीसी पर कई तरह के मत या राय बा त सब पक्ष उचित वजन के साथ बिना कौनों पक्षपात के लिखल जाये के चाहीं।
  2. सत्यापन जोग (विकिपीडिया:V) – जौना सामग्री पर केहू संदेह करे या कहल बात के चुनौती देवे के संभावना होखे, या केहू के कोटेशन, हमेशा बिस्वास जोग प्रकाशित (पब्लिश) स्रोत के संदर्भ के साथ लिखल जाये के चाहीं। एकर उद्देश्य ई हवे की विकिपीडिया पढ़े वाला या इहाँ संपादन करे वाला व्यक्ति जरूरत पड़े पर जाँच सके की जानकारी विश्वसनीय स्रोत से लिहल गइल बाटे।
  3. मूल रिसर्च मनाही (विकिपीडिया:NOR) – विकिपीडिया मौलिक रिसर्च आ व्यक्तिगत बिचार नाहीं प्रकाशित करे ले: विकिपीडिया के सगरी सामग्री पहिले से कौनों बिस्वस्नीय जगह पर प्रकाशित स्रोत वाली होखे के चाहीं। पहिले से प्रकाशित चीज के आधार पर भी विकिपीडिया लेख में विश्लेषण से नया राय, सुझाव या निष्कर्ष निकालल मूल शोध के रूप में मानल जाला आ एकर मनाही बाटे।

ई तीनों नीति एक साथ मिल के विकिपीडिया के सामग्री के गुणवत्ता के सम्हारे खातिर बाड़ी। चूँकि, ई तीनों नीति एक दूसरे से जुड़ल आ एक दूसरे पर आधारित बाड़ी, इन्हन के एक दुसरा के साथ मिला के पढ़े आ समझे के चाहीं। ई विकिपीडिया के मूल नीति हई आ सदस्य (प्रयोगकर्ता) लोग के आपसी सहमति से भी ना बदलल जा सके लीं आ बाकी के नीति सभ से भी ऊपर बाड़ी। इन्हन के पन्ना पर संपादन इन्हन के समझावे आ भाषा में सुधार खातिर कइल जा सकत बाटे बाकी मूल भावना के ना बदलल जा सकत बाटे।