मदद:भोजपुरी विकिपीडिया पर कैसे लिखब

विकिपीडिया से

राउर भोजपुरी विकिपीडिया पर स्वागत बा!

भोजपुरी विकिपीडिया पर लिखे खातिर ज्यादा सोचला के जरुरत नईखे। अगर आप भोजपुरी भाषी बानी त भाषा के कौनो दिक्कते नईखे बाकी अगर रउवां भोजपुरी भाषी ना हईं तबो कौनो बात नईखे रउओं सिखते-सिखते सिख जाईब। बस दिमाग में एगो ज्ञानवर्धक लेख के बारे में सोचीं, उ के एगो शिर्षक सोचीं, उ पर अमल करीं आ आके भोजपुरी विकिपीडिया के खोज बाकस में खोजीं। खोज बाकस में खोजला के बाद देखेब कि रउआ जौन लेख के शिर्षक डलले बानी अगर उ लेख भोजपुरी विकिपीडिया पर होई त खुल जाई। बस खुलला के बाद उ के सम्पादन विकल्प पर क्लिक (दबा) करके उ में और भी सामग्री जोड़ सकत बानी अथवा उ में कौनो गलत शब्द दिखत बा त उ के हटा के ठिक शब्द डाल के पन्ना सुरक्षित कर सकत बानी।

आ अगर खोज बाकस में राउर डालल शिर्षक से कौनो लेख उपलब्ध नईखे त नीचे लाल रंग में लिखल आई कि इ लेख उपलब्ध नईखे इ के बनाई। बस लाल वाला शिर्षक पर दबाएब त एगो पन्ना खुली उ पर लिख के पूर्वावलोकन देख लेब राउर लेख कईसन लौकत बा उ के बाद से पन्ना के सुरक्षित कर देब। इ तरिका से उ नाम के लेख भोजपुरी विकिपीडिया पर उपलब्ध हो जाई।

नया लेख बनावे खातिर[संपादन करीं]

कौनों नया बिसय पर लेख बनावे से पहिले एकरी जरूरत आ ज्ञानकोश लायक होखला की बारे में जरूर बिचार कइ लेईं। अगर आप कौनों फालतू बिसय जेवन ज्ञानकोश लायक न होखे बनाइब त ओके हटा दिहल जाई! ई हमेशा धियान रखीं की ई प्रोजेक्ट बिचार आ भावना निकाले ज जगह न हवे, न कौनों प्रचार करे क मध्यम हवे। एकर मूल उद्देश्य जानकारी दिहल आ ज्ञान क बिस्तार कइल हवे।

कौनों नया लेख बनावे से पहिले नीचे बतावल दू गो पन्ना जरूर पढ़ीं -


यदी कौनो लेख पढला के दौरान कौनो शब्द लाल रंग के लौकी त इ का मतलब बा कि लाल वाला शब्द जौन बा उ नाम से भोजपुरी विकिपीडिया पर कौनो लेख उपलब्ध नईखे। लाल वाला शब्द पर क्लिक कर के उ नाम से रउआ एगो लेख तैयार कर सकत बानी। आ यदि कौनो शब्द नीला रंग के लौकत बा त समझी कि उ नाम के लेख भोजपुरी विकिपीडिया पर उपलब्ध बा। नीला रंग के शब्द पर क्लिक कर उ लेख के रउआ पढ सकत बानी।

रउआ लोग से सलाह बा कि कृपया कौनो लेख पर हस्ताक्षर ना करब। हस्ताक्षर मात्र बात-चीत वाला पन्ना पर करब।