विकिपीडिया:बीछल लेख

विकिपीडिया से
बीछल लेख परिचयनामांकननामांकन कइसे करीं?पैमाना

विकिपीडिया के बीछल लेख

ई सितारा विकिपीडिया पर सभसे नीमन बीछल गइल लेखवन के चीन्हा हवे
ई सितारा विकिपीडिया पर सभसे नीमन बीछल गइल लेखवन के चीन्हा हवे

बीछल गइल लेख विकिपीडिया पर मौजूद सभसे नीमन लेखवन में से बीछ के निकालल गइल लेख बाड़ें जिन्हन के संपादक लोग एगो चुनाव प्रक्रिया की अनुसार कुछ पैमाना पर जाँच पड़ताल कइ के बीछे ला। एही से ई लेख सभसे नीमन लेख मानल जालें आ अउरी दूसर लेखवन के सुधार करत घरी एगो उदाहरण के काम करे लें। कौनों लेख के बीछल लेख बने की पहिले ओकर नामांकन एकरा खातिर होला ओकरा बाद संपादक लोग आपस में एकर समीक्षा करे ला आ जब लेख सगरी पैमाना के पूरा करत मिलेला तब जाके एके बीछल घोषित कइल जाला। समीक्षा में कई तरह के कसौटी पर लेखवन के परिच्छा होला जइसे कि जानकारी के सही होखल, निस्पक्ष होखल, पूरा जानकारी होखल, आ विकिपीडिया की इस्टाइल मे लिखल होखल कुछ मुख्य कसौटी बाटे।

वर्तमान में विकिपीडिया पर कुल 8,658 लेखवन में से 1 बीछल गइल लेख बाटें (~0.1% बीछल लेख बाटें)। जेवन लेख वर्तमान पैमाना पर बीछल लेख नइखे ऊ फिन से सुधार खातिर आ चुनाव खातिर नामांकन के हकदार होला (देखीं बीछल लेख के समीक्षा)।

ए वेबसाइट की मोबाइल वर्जन की अलावा (कंप्यूटर वर्जन पर) एगो ब्रोंज कलर के सितारा (ई सितारा विकिपीडिया पर सभसे नीमन बीछल गइल लेखवन के चीन्हा हवे) लेख की पन्ना पर दाहिने ओर ऊपर कोने में लउके ला जेवना से ई पता चल जाला कि ई लेख विकिपीडिया पर बीछल गइल लेख हवे (अगर सदस्य अपनी पसंद में खास एकरा खातिर मनाही न कइले होखे)। एकरी आलवे अगर एही बिसय पर दूसरी भाषा में भी बनल लेख उहाँ बीछल लेख (नाँव हर विकी पर अलग होला, जइसे अंग्रेज़ी में ई 'Featured Article' कहाला आ हिन्दी विकी पर 'निर्वाचित लेख') बाटे त ओ भाषा की नाँव की आगे एगो सितारा लउकी।