वालस लाइन

वालस लाइन भा वालेस लाइन (अंग्रेजी: Wallace Line भा Wallace's Line) जीव-जंतु संबंधी एक ठो काल्पनिक बाउंड्री लाइन हवे, जे 1859 में अंग्रेज प्रकृतिवादी अल्फ्रेड रसेल वालस द्वारा खींचल गइल रहे,[1] आ एकर नाम अंग्रेज जीवविज्ञानी थॉमस हेनरी हक्सले रखले रहलन।
ई लाइन एशिया आ 'वालेसिया' के बीच के जीव-भौगोलिक प्रदेशन के बिलग करे ले। वालेसिया एशिया आ ऑस्ट्रेलिया के बीच के एगो ट्रांजिशन जोन हवे, जे पहिले मलय द्वीपसमूह भा इंडो-ऑस्ट्रेलियन द्वीपसमूह कहल जाल (आज ई इंडोनेशिया में पड़े ला)। एह लाइन के पच्छिम में अइसन जीव-जंतु मिलेलन जे एशियाई प्रजातियन से जुड़ल बाड़ें, जबकि पूरुब में एशियाई आ ऑस्ट्रेलियाई दुनो ओरिजिन के प्रजातियन के मिश्रण देखे के मिलेला। वालेस आपन 19वीं सदी के ईस्ट इंडीज (पूरबी दीपसमूह) यात्रा के दौरान जमीन के स्तनधारी (मैमल) जीव आ चिरइन में ई साफ-साफ बँटवारा देखले रहलन।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Taylor, James Allan (1984). Biogeography: Recent Advances and Future Directions (अंग्रेजी में). Rowman & Littlefield. ISBN 978-0-389-20507-4.
![]() | ई भूगोल-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |