वाराणसी सिटी रेलवे स्टेशन
Appearance
वाराणसी सिटी रेलवे स्टेशन बनारस के प्रमुख रेलवे स्टेशनन में से एगो हवे। ई वाराणसी जंक्शन रेलवे स्टेशन (कैंट स्टेशन) से लगभग 4 किलोमीटर उत्तर-पूर्व, बनारस हिंदू यूनिवर्सिटी से लगभग 10 किलोमीटर उत्तर-पूर्व आ लाल बहादुर शास्त्री हवाई अड्डा से लगभग 23 किलोमीटर दक्खिन-पुरुब में स्थित बा।
वाराणसी जंक्शन (कैंट स्टेशन) पर बहुत बेसी भीड़भाड़ होखे के कारण ई स्टेशन टर्मिनल स्टेशन के रूप में भी काम करेला, जहाँ से कई रेलगाड़ी सभ के शुरुआत आ समापन होखेला।
| ई रेल यातायात-संबंधी लेख भारतीय रेल के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |