Jump to content

वायुमंडल बिज्ञान

विकिपीडिया से
पृथिवी के वायुमंडल के इंटरनेशनल स्पेस स्टेशन से लिहल गइल फोटो

वायुमंडल बिज्ञान चाहे वायुमंडलीय बिज्ञान (अंग्रेजी: atmospheric science) पृथ्वी के वायुमंडल आ एकरा के भीतर होखे वाली विभिन्न भौतिक प्रक्रिया सभ के अध्ययन कइल जाला। मौसम बिज्ञान में वायुमंडलीय रसायन बिज्ञान आ वायुमंडलीय भौतिकी शामिल होला, बाकिर एकर मुख्य ध्यान मौसम के फोरकास्ट (पहिले से अनुमान लगावे) पर रहेला। जलवायु बिज्ञान में मौसम के तुलना में लमहर समय तक के वायुमंडलीय दशा के अध्ययन कइल जाला। एहमें औसत जलवायु, समय के साथ ओकर बदलाव आ विविधता पर बिसेस धियान दिहल जाला। एरोनॉमी में वायुमंडल के ऊपरी परतन के अध्ययन कइल जाला, जहाँ अणु-विच्छेदन (डिसोसिएशन) आ आयनीकरण जइसन प्रक्रिया सभ महत्वपूर्ण होली।

वायुमंडलीय बिज्ञान के दायरा अब ग्रह बिज्ञान तक बढ़ गइल बा। एहमें सौरमंडल के ग्रहन आ प्राकृतिक उपग्रहन के वायुमंडल के भी अध्ययन कइल जाला। वायुमंडलीय बिज्ञान में इस्तमाल होखे वाला प्रमुख उपकरणन में उपग्रह, रॉकेटसॉन्ड, रेडियोसॉन्ड, मौसम गुब्बारा, रडार आ लेजर शामिल बाड़ें।

वायुमंडल के डाइनामिक्स

[संपादन करीं]

वायुमंडलीय डाइनामिक्स में मौसम से जुड़ल बिबिध किसिम के गति वाला सिस्टम सभ के अध्ययन कइल जाला। एहमें अलग-अलग जगह आ अलग-अलग समय पर कइल गइल ऑब्जर्वेशन (नाप-जोख) आ सैद्धांतिक थियरी सभ के एक संघे जोड़ल जाला। एह शाखा में गरज-चमक वाला तूफान (थंडरस्टॉर्म), बवंडर, गुरुत्वीय तरंग, उष्णकटिबंधीय चक्रवात, उष्णकटिबंध-बाहरी चक्रवात, जेट स्ट्रीम आ वैश्विक स्तर के वायुमंडलीय सर्कुलेशन जइसन घटना सभ के अध्ययन कइल जाला। वायुमंडलीय डाइनामिक्स के मेन मकसद भौतिकी (फिजिक्स) के मूल सिद्धांतन के नजरिया से वायुमंडलीय सर्कुलेशन के व्याख्या कइल बा। एह अध्ययन के मकसद मौसम के पूर्वानुमान के बेसी सटीक बनावल, मौसमी आ साल-दर-साल होखे वाला जलवायु बदलाव के पहिले से अंजादा के तरीका बिकसित कइल, आ मनुष्य के गतिविधियन से पैदा भइल बदलाव—जइसे वायुमंडल में कार्बन डाइऑक्साइड के मात्रा बढ़ल भा ओजोन परत के क्षय—के वैश्विक जलवायु पर पड़े वाला प्रभाव के समझल बा।