Jump to content

लैगून

विकिपीडिया से
Balos coastal lagoon of northwestern क्रीट के लग्गे बैलोस लैगून। लैगून के छिछिला पानी आ रूम सागर के बीचा में पातर बलुआ बैरियर बाटे।
कारा बोगज गोल एगो अइसन लैगून ह जे कैस्पियन सागर में बनल हवे; ई तुर्कमेनिस्तान में पड़े ला।
वेनिस के लैगून जेह में एगो टापू पर वेनिस शहर बसल हवे।

लैगून (अंग्रेजी: Lagoon; हिंदी: अनूप) उथला भा छिछिल पानी के छोटहन जल भंडार भा एक किसिम के झील होला, जे कवनो बड़ जलराशि (सागर भा समुंद्र) से सैंडबार, कोरल रीफ, बैरियर आइलैंड, बैरियर प्रायदीप भा थलजोड़ जइसन सकेत आ पातर जमीनी थलरूप के जरिये अलग होखे ला।[1][2] दुसरे शब्दन में कहल जाय त लैगून छोट झील होलें जे कौनों बड़हन झील भा समुंद्र से एकदम सटल होलें आ कवनों किसिम के बहुत पातर जमीनी ढाँचा दुन्नों के अलग करे ला; बहुधा ई मेन समुंद्र से जुड़लो हो सके लें।

लैगूनन के आमतौर पर दू किसिम में बाँटल जाला—"तटीय लैगून" (बैरियर लैगून) आ "एटॉल लैगून"। कुछ लैगून बालू आ कंकड़ वाला समुंद्री तीरे पर भी पावल जालें। तटीय लैगून आ नदी मुहाना (एस्चुअरी) के बीच कई बेर समानता देखे के मिलेला, एहसे कुछ जलाशयन के वर्गीकरण में दुनो के बीच आंशिक मेल भी हो सकेला। दुनिया के अनेक हिस्सा के समुंद्री तटन पर लैगून बहुत आम तटीय थलरूप हवे।

  1. US Department of Commerce, National Oceanic and Atmospheric Administration (NOAA). "What is a lagoon?". oceanservice.noaa.gov (अंग्रेजी में). Retrieved 2026-07-11. A lagoon is a body of water separated from larger bodies of water by a natural barrier.
  2. Schwartz, Maurice L. (4 May 1999). "Definition, Characteristics & Examples". Encyclopedia Britannica. Retrieved 11 July 2026.