Jump to content

लेखक

विकिपीडिया से
Writer
Occupation
Activity sectors
साहित्य
Description
Competenciesभाषा प्रवीणता, ग्रामर, लिटरेसी
Fields of
employment
मास मीडिया, सोशल मीडिया
Related jobs

लेखक (अंग्रेजी: writer) ऊ ब्यक्ति होला, जे लिखल शब्दन के इस्तेमाल कइ के अलग-अलग लिखाई के तरीका (इस्टाइल), बिधा (जॉनर) आ टेकनीक के माध्यम से आपन बिचार व्यक्त करेला, भावना जगावेला, चाहे लोगन के मनोरंजन करेला। लेखक लोग कई तरह के रचना तइयार कर सकेला—जइसे उपन्यास, छोट कहानी, मोनोग्राफ, यात्रा-वृत्तांत, नाटक, फिलिम स्क्रिप्ट, टीवी स्क्रिप्ट, गीत, निबंध, आ साथे-साथ रिपोर्ट, शैक्षणिक सामग्री आ समाचार लेख, जवन आम लोग खातिर उपयोगी हो सकेला। आज के समय में लेखक लोग के रचना कई तरह के माध्यम (मीडिया) पर प्रकाशित होखे ला। जे लेखक भाषा के सही तरीका से इस्तेमाल करके अपना विचार साफ-साफ व्यक्त कर सकेला, ऊ समाज के सांस्कृतिक विकास में महत्वपूर्ण योगदान देला।[1]

लेखक शब्द के इस्तेमाल कला आ संगीत में भी होला, जइसे गीतकार के अंग्रेजी में सॉंगराइटर, स्क्रिप्ट लेखक के स्क्रीनराइटर, बाकिर अकेले लेखक भर कहल जाए पर आमतौर पर लिखित भाषा में रचना करे वाला व्यक्ति बूझल जाला। कुछ लेखक मौखिक/वाचिक परंपरा (ओरल ट्रेडीशन) से भी काम करेलें। लेखक लोग कई तरह के विधा (जॉनर) में लिख सकेला—काल्पनिक (फिक्शन) आ गैर-काल्पनिक (नॉन-फिक्शन) दुनो में। कुछ लेखक अपना विचार के बेहतर ढंग से समझावे खातिर चित्र (ग्राफिक्स) या चित्रांकन (इलस्ट्रेशन) के भी इस्तेमाल करेलें। आजकल सरकारी आ सार्वजनिक क्षेत्र में टेक्निकल राइटर लोगन के भी डिमांड बढ़ गइल बा, जवन आसान भाषा में उपयोगी या वैज्ञानिक जानकारी वाला दस्तावेज तैयार करेलें। कुछ लेखक अपना लिखाई के साथे चित्र, पेंटिंग या मल्टीमीडिया के इस्तेमाल करके बात के अउरी साफ करेलें। कभी-कभी (हालाँकि, बहुते कम स्थिति में) रचनात्मक लेखक अपना विचार के अभिव्यक्ति संगीत के माध्यम से भी कर सकेलें, खाली शब्द से ना।

अंग्रेजी के में लेखक खातिर दू गो शब्द चलन में बाड़ें - आम शब्द 'राइटर' हवे आ दूसर शब्द 'ऑथर' ह। हालाँकि, ऑथर शब्द में कानूनी जिम्मेदारी के भाव निहित होला भले लिखे वाला बेनाम चाहे अनाम (एनोनिमस) रहे। ऑथर आमतौर प किताब के लेखक खातिर[2] आ रिसर्च संबंधी चीज (परचा, थीसिस इत्यादि) के लिखे वाला खातिर इस्तेमाल होखे ला।

  1. Magill, Frank N. (1974). Cyclopedia of World Authors. Vol. I, II, III (revised ed.). Englewood Cliffs, New Jersey: Salem Press. pp. 1–1973. [A compilation of the bibliographies and short biographies of notable authors up to 1974.]
  2. "Definition of AUTHOR". www.merriam-webster.com. 12 October 2023.