लास वेगास
लास वेगास (अंग्रेजी: Las Vegas, उच्चा. लैस वे'गस भा वेय्'गस) भा आम बोलचाल में खाली भर वेगास अमेरिका के नेवादा राज्य के सबसे बेसी आबादी वाला शहर आ क्लार्क काउंटी के काउंटी सीट ह। 2020 के जनगणना के हिसाब से शहर के आबादी 6,41,903 रहे, जेकरा चलते ई अमेरिका के 24वाँ सबसे अधिक आबादी वाला शहर ह। लास वेगास मेट्रोपॉलिटन एरिया में अनुमानित 24 लाख लोग रहेलन आ ई देश के 29वाँ सबसे बड़ मेट्रोपॉलिटन एरिया ह।
लास वेगास दुनिया भर में मशहूर एगो प्रमुख रिसॉर्ट सिटी ह, जे खास तौर पर जुआ, खरीदारी, बढ़ियाँ खाना, मनोरंजन आ नाइटलाइफ खातिर जानल जाला। एह में से ज्यादातर जगह डाउनटाउन लास वेगास या लास वेगास स्ट्रिप में बा। लास वेगास स्ट्रिप शहर के सीमा के बाहर नेवादा के अनइन्कॉरपोरेटेड टाउन पैराडाइज आ विनचेस्टर में स्थित बा। लास वेगास वैली नेवादा के प्रमुख वित्तीय, कारोबारी आ सांस्कृतिक केंद्र के रूप में काम करे ला।
| ई अमेरिका (यूएसए) के जगह संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |