लामिन यमाल
|
2026 में स्पेन के साथ यामाल | |||
| निजी जानकारी | |||
|---|---|---|---|
| पूरा नाँव | लामिन यामाल नस्राउई एबाना | ||
| जनम तिथी | 13 जुलाई 2007 | ||
| जनम अस्थान | एस्प्लुगेस दे योब्रेगात, स्पेन | ||
| हाइट | 1.78 मीटर[1] | ||
| खेल में पोजीशन | विंगर | ||
| क्लब के जानकारी | |||
वर्तमान टीम | बार्सिलोना | ||
लामिन यमाल नसरोई एबाना (जनम: 13 जुलाई 2007), जे लामिन यमाल (अंग्रेजी: Lamine Yamal) [नोट 1] के नाम से जानल जालें, एगो स्पेनी प्रोफेशनल फुटबॉलर बाड़ें। ऊ ला लीगा क्लब बार्सिलोना आ स्पेन के नेशनल फुटबॉल टीम खातिर दाहिना विंगर के रूप में खेलेलें। ऊ दुनिया के सबसे बेहतरीन फुटबॉलर सभ में गिनल जालें आ अपना बेहतरीन ड्रिब्लिंग आ प्लेमेकिंग क्षमता खातिर मशहूर बाड़ें।
यमाल बार्सिलोना के युवा अकादमी ला मासिया के विद्यार्थी रहलें। 2023–24 सत्र में ऊ क्लब के पहिला टीम में शामिल भइलें। 17 बरिस के उमिर में ऊ बैलन डी'ओर खातिर नामांकित होखे वाला सबसे कम उमिर के खिलाड़ी बनलें। 2024 आ 2025 में ऊ दुनिया के सबसे बेहतरीन युवा खिलाड़ी के दीहल जाए वाला कोपा ट्रॉफी जीतलें। मुख्य कोच हान्सी फ्लिक के नेतृत्व में यामाल बार्सिलोना के प्रमुख खिलाड़ी बनके उभरलें। उनकर योगदान से क्लब 2024–25 सत्र में घरेलू ट्रेबल जीतलस, जवना में ला लीगा, कोपा डेल रे आ सुपरकोपा दे एस्पान्या शामिल रहल। 18 बरिस के उमिर में यामाल 2025 के बैलन डी'ओर में उपविजेता रहलें। 2025–26 सत्र में बार्सिलोना लगातार दूसर बेर ला लीगा खिताब जीतलस, आ यामाल के ला लीगा प्लेयर ऑफ द सीजन चुनल गइल।
यामाल स्पेन खातिर अलग-अलग युवा स्तर पर अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल खेल चुकल बाड़ें। 2023 में ऊ वरिष्ठ राष्ट्रीय टीम खातिर पहिल बेर खेललें आ 16 बरिस के उमिर में स्पेन के प्रतिनिधित्व करे वाला सबसे कम उमिर के खिलाड़ी बनलें। 2024 में ऊ यूईएफए यूरोपीय चैम्पियनशिप में गोल करे वाला सबसे कम उमिर के खिलाड़ी बनलें। एह प्रतियोगिता में स्पेन अपना इतिहास के चउथा खिताब जीतलस, आ यामाल के यंग प्लेयर अवॉर्ड से सम्मानित कइल गइल। 2026 में फीफा विश्व कप में अपना पहिला मुकाबला खेले के दौरान ऊ अपना करियर के पहिला विश्व कप खिताब भी जीतलें।
प्लेयर प्रोफ़ाइल
[संपादन करीं]बायाँ गोड़ से खेले वाला आक्रामक खिलाड़ी लामिन यामाल अपना बेहतरीन ड्रिब्लिंग, पासिंग आ गोल के मोका बनावे के छमता खातिर जानल जालें। ऊ सेंटर-फॉरवर्ड, अटैक मिडफील्डर चाहे विंगर के रूप में खेल सकेलें, खास तौर पर दाहिना साइड में। दाहिना विंगर के रूप में खेलत घरी ऊ खेल के अधिकतर समय आपन बायाँ गोड़ के इस्तमाल करेलें। ऊ दूर वाला पोस्ट की ओर बाहर के ओर मुड़त क्रॉस देवे में भी माहिर हवें।[3][4] गोड़ के बाहरी हिस्सा से सटीक क्रॉस देवे के उनकर खास तकनीक, जेकरा के त्रिवेला कहल जाला, उनकर खेल के पहिचान बन गइल बा।[5]
यूईएफए यूरो 2024 में यामाल के परफारमेंस खास तौर प चर्चा में रहल। ऊ सेमीफाइनल में फ्रांस के खिलाफ एक ठो गोल कइलें, जबकि क्रोएशिया, जॉर्जिया, जर्मनी आ इंग्लैंड के खिलाफ कुल चार गो गोल में सहयोग (असिस्ट) दिहलें। एह टूर्नामेंट में ऊ दूर वाला पोस्ट की ओर सटीक क्रॉस देवे, दूर से शॉट मारे आ गेंद के घुमा के गोल की ओर भेजे के अपना क्षमता के बेहतरीन प्रदर्शन कइलें।
आपन तकनीकी खेल के कारण यामाल के तुलना बार्सिलोना के पूर्व फुटबॉलर लियोनेल मेसी से कइल जाला, ठीक ओह तरह जइसे पहिले ला मासिया से निकले वाला कई गो खिलाड़ी के कइल गइल रहे। उनकर खेल इस्टाइल—जवना में तेज ड्रिब्लिंग, आकर्षक खेल आ गोल के मौका बनावे के क्षमता शामिल बा—के चलते उनकर तुलना नेमार से भी कइल जाला।[6] खुद यामालो कह चुकल बाड़ें कि उनकर खेल के इस्टाइल प नेमार के गहिर परभाव बा। मीडिया के कई गो स्रोत यमाल के दुनिया के सबसे बेहतरीन फुटबॉलर सभ में से एक, आ सबसे बेहतरीन युवा फुटबॉलर मानेला।[7][8][9] कई गो मीडिया संस्थान त उनकरा के अबले के सबसे बेहतरीन किशोर फुटबॉलर तक कहलें,[10][11] हालाँकि स्टीवन जेरार्ड समेत कुछ लोग के मानना बा कि ई स्थान अबहियो माइकल ओवेन के मिले के चाहीं।[12]
नोट
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Lamine Yamal". FC Barcelona. Archived from the original on 14 July 2026. Retrieved 16 July 2026.
- ↑ "फुटपाथ पर खाना तलाशने से करोड़ों कमाने तक..., यामाल के नाम और संघर्ष की दिल छू लेने वाली कहानी". जनसत्ता (Hindi में). 15 जुलाई 2026. Retrieved 25 जुलाई 2026.
- ↑ "Lamine Yamal position and style of play". The Coaches' Voice. Archived from the original on 25 July 2024. Retrieved 9 May 2024.
- ↑ Pearson, Matt (15 June 2024). "Spain's Lamine Yamal becomes youngest ever Euros player – DW – 06/15/2024". dw.com. Archived from the original on 24 July 2024. Retrieved 22 June 2024.
- ↑ Peyret, Dídac (4 December 2024). "La 'trivela' de Lamine asombra al mundo y ya es marca registrada". sport.es (Spanish में). Archived from the original on 7 December 2024. Retrieved 6 April 2025.
- ↑ "How Lamine Yamal Compares to Lionel Messi, Neymar After 100 Barcelona Games?".
- ↑ "Lamine Yamal: The greatest teenage footballer the world has ever seen | Goal.com". www.goal.com (अंग्रेजी में). 2025-03-19. Archived from the original on 30 March 2025. Retrieved 2025-05-03.
- ↑ "Who are the 39 best men's U21 players in the world?". ESPN.com (अंग्रेजी में). 2025-04-03. Archived from the original on 6 April 2025. Retrieved 2025-05-03.
- ↑ "Lamine Yamal, the best young player in the world". La Vanguardia (अंग्रेजी में). 2024-10-29. Archived from the original on 6 November 2024. Retrieved 2025-05-03.
- ↑ "Why Lamine Yamal is already better than Messi in some ways, but still has room to improve". ESPN.com (अंग्रेजी में). 2025-05-09. Retrieved 2025-05-18.
- ↑ "Lamine Yamal: The greatest teenage footballer the world has ever seen | Goal.com UK". www.goal.com (अंग्रेजी में). 2025-03-19. Retrieved 2025-05-18.
- ↑ "Gerrard: Owen better as teenager than 'incredible' Yamal, Mbappé". ESPN UK (अंग्रेजी में). Retrieved 2025-09-22.
| ई जीवनी संबंधी लेख खेल से जुड़ल केहू ब्यक्ति के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |