लाभांश
लाभांश (अंग्रेजी: Dividend) कंपनी द्वारा आपन शेयरधारक लोग के नफा में से बाँट के दिहल गइल हिस्सा हवे। ई आमतौर पर नकद (cash) या अतिरिक्त शेयर (stock dividend) के रूप में दिहल जाला। लाभांश निवेशक खातिर कंपनी के आर्थिक सेहत आ स्थिरता के संकेतक मानल जाला[1]।
परिभाषा
[संपादन करीं]लाभांश ओ रकम के कहल जाला जे कंपनी आपन नफा (profit) में से शेयरधारक लोग के बीच बाँटेला। जवन कंपनी नियमित रूप से लाभांश देला, ऊ कंपनी आमतौर पर स्थिर आ मजबूत मानी जाला।
अगर कंपनी नफा के हिस्सा ना बाँटे आ ओकरा के व्यवसाय में दुबारा लगावे, त ओकरा के पुनर्निवेशित लाभ (retained earnings) कहल जाला।
इतिहास
[संपादन करीं]लाभांश के परंपरा कंपनी आ साझेदारी के शुरुआती दौर से चलत आ रहल बा। सत्रहवीं सदी में डच ईस्ट इंडिया कंपनी (VOC) के स्थापना भइल, जे दुनिया के पहिलका बहुराष्ट्रीय कंपनी मानल जाला। ई कंपनी 1602 में आपन शेयरधारक लोग के नियमित लाभांश भुगतान शुरू कइलस। भुगतान कभी नकद के रूप में, आ कई बेर मसाला (spices) या माल-सामान के रूप में भी होला। एहसे, डच ईस्ट इंडिया कंपनी के दुनिया के पहिलका लाभांश भुगतान करे वाला कंपनी मानल जाला[2]।
आज लाभांश भुगतान के आधुनिक रूप कंपनी गवर्नेंस, निवेश रणनीति, आ वित्तीय बाज़ार के स्थिरता के एगो महत्वपूर्ण अंग मानल जाला।
लाभांश के प्रकार
[संपादन करीं]- नकद लाभांश (Cash Dividend): शेयरधारक लोग के सीधा नकद रूप में दिहल जाला। ई सबसे आम तरीका हवे[3]।
- शेयर लाभांश (Stock Dividend): कंपनी नकद ना बाँट के अतिरिक्त शेयर जारी करेला।
- विशेष लाभांश (Special Dividend): कवनो असाधारण परिस्थिति (जइसे कंपनी के बड़ नफा होखे या संपत्ति बिके) में दिहल जाला।
- अंतरिम लाभांश (Interim Dividend): साल पूरा होखे से पहिले, आमतौर पर त्रैमासिक या अर्धवार्षिक आधार पर दिहल जाला।
भुगतान के अनुपात (Dividend Payout Ratio)
[संपादन करीं]लाभांश भुगतान अनुपात (Dividend Payout Ratio) से मतलब बा कि कंपनी आपन कमाई (या नकदी प्रवाह) में से कतना हिस्सा लाभांश के रूप में शेयरधारक लोग के बीच बाँटत बा।
अधिकतर ई अनुपात के हिसाब "प्रति शेयर लाभांश" (Dividends per Share) आ "प्रति शेयर आय" (Earnings per Share) के आधार पर कइल जाला: [4]
अगर भुगतान अनुपात 100% से अधिक हो जाला, त ओकरा मतलब ई होला कि कंपनी ओह साल में जेवना नफा कमइले बा, ओहसे बेसी लाभांश बाँट दिहलस।
लाभांश उपज (Dividend Yield)
[संपादन करीं]लाभांश उपज से मतलब बा कि शेयर के दाम के मुकाबले सालाना लाभांश के प्रतिशत। ई तरीका से अलग-अलग शेयर के तुलना आसान हो जाला[5]।
लाभांश उपज प्रतिशत रूप में होखला से एकरा के ब्याज दर जइसन मान के हिसाब कइल जा सकेला, आ ई निवेशक खातिर तुलना करे आ लाभांश भुगतान समझे में मददगार होला।
लाभांश आवृत्ति
[संपादन करीं]लाभांश आवृत्ति से मतलब बा कि कवनो कारोबारी साल में कंपनी कतना बेर लाभांश भुगतान करेला[6]। आमतौर पर ई सालाना, अर्धवार्षिक, त्रैमासिक, या मासिक हो सकेला। अलग-अलग देश में एकर प्रचलन अलग बा। अमेरिका में कंपनी सभ अधिकतर त्रैमासिक लाभांश देलीं, जबकि जापान, ब्रिटेन आ ऑस्ट्रेलिया में अर्धवार्षिक भुगतान जादे सामान्य बा। जर्मनी में अधिकांश कंपनी सालाना लाभांश घोषित करेली।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ कक्षा 12वीं, अर्थशास्त्र पुस्तक, भाग 2 (PDF). NCERT.
- ↑ Freedman, Roy S. (2006). Introduction to Financial Technology. Academic Press. ISBN 9780080461847.
- ↑ "Dividend". Wikipedia (अंग्रेजी में). 2025-07-07.
- ↑ CFA, Elvis Picardo (25 November 2003). "Payout Ratio". Investopedia (अंग्रेजी में). Retrieved 4 August 2018.
- ↑ "Dividend Calculator". Omni Calculator. Retrieved 25 August 2025.
- ↑ "Dividend Frequency: What it Means, How it Works". Investopedia (अंग्रेजी में). Retrieved 2025-08-25.