रोमन एम्पायर
Appearance
रोमन एम्पायर (अंग्रेजी: Roman Empire) एगो अइसन राज्य रहे, जे क्लासिकल जुग (classical period) के दौरान भूमध्य सागर आ यूरोप के बहुत बड़हन हिस्सा, पच्छिमी एशिया आ उत्तरी अफ्रीका पर प्रभुत्व रखले रहे। एह इलाकन में से अधिकतर पर पहिले रोमन रिपब्लिक विजय हासिल कइले रहे। बाद में 27 ईसा पूर्व में ऑक्टेवियन के सत्ता में उभरे आ ऑगस्टस के प्रिंसिपेट के स्थापना के बाद ई मय इलाका स्थायी रूप से एक ब्यक्ति के शासन के अधीन आ गइल।
तीसरी सदी ईसवी के आखिरी दौर तक साम्राज्य के कई बेर बँटवारा हो चुकल रहे। पच्छिमी रोमन एम्पायर के पतन 476 ईस्वी में भइल, जबकि पूरबी रोमन एम्पायर , जे बाइजेंटाइन एम्पायर (Byzantine Empire) के नाँव से भी जानल जाला, 1453 में कॉन्स्टेंटिनोपल के पतन तक बनल रहल।
| ई इतिहास-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |