रॉबर्ट फ्रॉस्ट
रॉबर्ट फ्रॉस्ट | |
|---|---|
1949 में फ्रॉस्ट | |
| मूल नाँव | Robert Lee Frost |
| जनम | मार्च 26, 1874 सैन फ्रांसिस्को, कैलीफोर्निया, अमेरिका |
| निधन | जनवरी 29, 1963 (उमिर 88) बोस्टन, मैसाचुसेट्स, अमेरिका |
| पेशा | कवी, नाटककार |
| शिक्षा | डार्टमाउथ कॉलेज (बिना डिग्री) हार्वड यूनिवर्सिटी (बिना डिग्री) |
| प्रमुख रचना | A Boy's Will, North of Boston, New Hampshire[1] |
| प्रमुख सम्मान |
|
| जीवनसाथी | एलिनोर मरियम वाईट (बि. 1895; निधन 1938) |
| संतान | 6 |
| दसखत | |
रॉबर्ट ली फ्रॉस्ट (अंग्रेजी: Robert Lee Frost) (26 मार्च 1874 – 29 जनवरी 1963) एगो अमेरिकी कवि रहलें। ऊ देहाती जीवन के वास्तविक चित्रण आ अमेरिकी बोलचाल के भाषा पर आपन पकड़ खातिर जानल जालन। फ्रॉस्ट अक्सर 20वीं सदी के शुरुआती समय में न्यू इंग्लैंड के देहाती परिवेश पर कविता लिखलें, आ एह परिवेश के सहारे समाजिक आ दार्शनिक विषय के जटिल पहलू के समझे–समझावे के कोशिश कइलें।
रॉबर्ट ली फ्रॉस्ट अपना जीवनकाल में कई बेर सम्मानित भइलन आ अकेल अइसन कवि बाड़ें, जे पुलित्ज़र प्राइज फ़ॉर पोएट्री चार बेर जीतलें। ऊ अमेरिका के कुछ गिनल–चुनल “सार्वजनिक साहित्यिक व्यक्तित्व” में गिनाइलें— उनके कला जगत में लगभग एगो संस्था जइसन दर्जा हासिल हवे। 1958 में फ्रॉस्ट के यूनाइटेड स्टेट्स पोएट लॉरेट बनावल गइल। 1960 में ऊ कांग्रेसनल गोल्ड मेडल हासिल कइलें, आ 1961 में उनकरा के वर्मोंट राज्य के भी पोएट लॉरेट घोषित कइल गइल। कवि रैंडल जेरल उनका बारे में लिखेलन: “रॉबर्ट फ्रॉस्ट, स्टीवेंस आ इलियट के साथे मिल के, हमनी का समय के सबसे महान अमेरिकी कवियन में गिनाए लायक बाड़ें।”
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Robert Frost". The Poetry Foundation. Retrieved February 18, 2015.
| ई लेख केहू कबी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |