Jump to content

रिसॉर्ट टाउन

विकिपीडिया से
हेईगेनडैम जर्मनी में 1793 में स्थापित, कंटीनेंटल यूरोप में सबसे पुरान समुंद्रतटीय रिसॉर्ट मानल जाला
बर्फ से सफ़ेद पहाड़ी सीन जेकरा निचला हिस्स में कई रंग के मकान देखलाई पड़त बाड़ें
मनाली भारतीय राज्य हिमाचल प्रदेश में एगो मशहूर रिसॉर्ट टाउन आ हिल स्टेशन बाटे।

रिसॉर्ट टाउन (अंग्रेजी: resort town), रिसॉर्ट सिटी (अंग्रेजी: resort city) भा रिसॉर्ट नगर अइसन शहरी इलाका के कहल जाला जहाँ टूरिज्म आ छुट्टी बितावे खातिर आवे वाला लोग लोकल संस्कृति आ अर्थबेवस्था के मुख्य आधार होखे लें। एगो आम रिसॉर्ट टाउन के आसपास एक भा एक से बेसी रिसॉर्ट मौजूद हो सके लें, जहाँ टूरिस्ट लोग ठहरे आ मनोरंजन के सुविधा हासिल कर सके ला। कई बेर रिसॉर्ट सिटी शब्द के इस्तेमाल अइसनो जगह खातिर कइल जाला जे पर्यटकन के बीच बहुत पॉपुलर होखे, भले ओहिजा औपचारिक रूप से रिसॉर्ट मौजूद होखे भा ना होखे।

ब्रिटिश कोलंबिया के एगो टास्कफोर्स एह शब्द के परिभाषा देत कहलस कि रिसॉर्ट नगर ओह संगठित भा असंगठित लगातार बसल क्षेत्र के कहल जा सकेला, जहाँ अस्थायी आवास कक्ष (बेड यूनिट के आधार पर मापल गइल) के गिनती स्थायी आबादी के 60 परसेंट से बेसी होखे।[1] एहसे पता चलेला कि ओह क्षेत्र में पर्यटकन आ अस्थायी आगंतुकन के महत्त्वपूर्ण भूमिका बाटे। कई बेर रिसॉर्ट टाउन अइसन क़स्बा के भी कहल जाला जे अपना के पर्यटन आकर्षण के रूप में प्रचारित करत होखे; अइसन जगहन के अर्थबेबस्था के धुरी पर्यटन होला आ टूरिस्ट जो एहिजा इनहन के पॉपुलरिटी के चलते जुमे ला।[2]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. Transitions: Planning, Servicing, and Local Governance in BC's Resort Communities (PDF) (Report). Vol. 1: Best Practices Project. Government of British Columbia. December 2004. Archived from the original (PDF) on 20 July 2022. Retrieved 18 November 2014.
  2. "Resort towns in India that are timeless and evergreen". दि टाइम्स ऑफ इंडिया. 4 नवंबर 2022. Retrieved 15 जून 2026.