रिकवँछ
Patrode | |
| दूसर नाँव | रिकवँच, गिरवँछ, पतोड़ा, पत्रोड़ा |
|---|---|
| किसिम | डंपलिंग |
| खाए के समय | नाश्ता (स्नैक्स) |
| उत्पत्ती अस्थान | भारत |
| क्षेत्र | मय भारत; पूर्वांचल आ बिहार में रिकवँछ के नाँव से जानल जाला |
| आबिस्कारक | पुराना ज़माना से परंपरागत |
| मुख्य सामग्री | बेसन, अरुई के पत्ता |
| अइसन अउरी पकवान | साहीना |
रिकवँछ,[1][2] रिकवँच भा गिरवँछ एक किसिम क पकवान ह जे अरुई के पतई आ बेसन (चना भा उर्दी के पीसल रूप) से बनावल जाला। अरुई के पतई पर पहिले बेसन के नून मसाला मिला के गाढ़ पेस्ट नियन बना के लगावल जाला आ लपेट के कई लेयर के लोढ़ा नियन बना लिहल जाला। एह लोढ़ा नियन चीज के पहिले भाप पर पकावल जाला। फिर कई टुकड़ा में काट के तेल में कल्हार (हल्का फ्राई क) लिहल जाला चाहे पूरा तरीका से तेल में छान लिहल जाला। कबो काल्ह बिना भाप पर पकवले पकउड़ी नियर सीधे तेले में छान के बनावल जा सके ला।
एकरा के हल्का नाश्ता (स्नैक्स) के रूप में चाहे मुख्य भोजन के संघे, दुन्नो तरीका से खाइल जाला। दक्खिन भारत में एकरा के पतोड़ा भा पत्रोड़ा कहल जाला। एकरा के 2021 में ट्रेडिशनल स्पेशालिटी गारंटीड कटेगरी में दर्ज कइल गइल; ई सर्वे भारत सरकार के आयुष मंत्रालय द्वारा कइल गइल रहल।[3]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "रिकवँछ के हिंदी अर्थ | rikva.nchh meaning in Hindi | हिन्दवी". Hindwi (Hindi में). Retrieved 11 सितंबर 2026.
- ↑ Mahrotra, Rameshchandra (1 जनवरी 2009). Manak Hindi Ke Shuddh-Prayog (Vol-2 of 4) (Hindi में). Radhakrishna Prakashan. p. 55. ISBN 978-81-7119-470-4. Retrieved 11 सितंबर 2026.
- ↑ "Patrode identified as 'traditional food recipe from AYUSH system of medicine". The Hindu. 29 June 2021. Retrieved 2 July 2021.
| ई भारतीय पकवान–संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |