रिंग ऑफ फायर

रिंग ऑफ फायर (अंग्रेजी: Ring of Fire), जेकरा के पैसिफिक रिंग ऑफ फायर', रिम ऑफ फायर, ग्रिडल ऑफ फायर, भा सर्कम पैसिफिक बेल्ट भी कहल जाला, एगो बड़हन टैक्टॉनिक इलाका बा, जहाँ बहुते ज्वालामुखी आ भूकंप होला। ई इलाका लगभग 40,000 किलोमीटर लंब आ 500 किलोमीटर तक चौड़ा बा, आ ई पूरा प्रशांत महासागर के चारों ओर फैलल बा।
एह घेरा में 750 से 915 तक सक्रिय, या फिर सुतल ज्वालामुखी बा, जवन दुनिया के कुल ज्वालामुखियन के करीब दो-तिहाई ह। दुनिया के करीब 90% भूकंप, आ अधिकतर बड़हन भूकंप, एह इलाका में होखेला।
ई कौनों एक ठो चट्टानी रचना ना ह, बलुक अलग-अलग टैक्टॉनिक प्लेट के टकराव से बनल बा। माने, जेह-जगह प्लेट एक-दूसरा के नीचे घुसत बा, ओहिजा समुंदर के खाई, ज्वालामुखी पर्वत श्रृंखला, आ अइसन अउरी रचनाएं बन गइल बाड़ी स।
कइगो इलाका के शामिल करे पर विवाद भी बा, जइसे कि अंटार्कटिक प्रायदीप आ पच्छिमी इंडोनेशिया।
रिंग ऑफ फायर के उमिर 35 मिलियन साल से जादे बा, बाकिर कुछ इलाका में प्लेटन के टकराव बहुत पहले से हो रहल बा। अबले 350 से जादे ज्वालामुखी इतिहास में फूट चुकल बाड़ी स, आ पृथ्वी के 4 गो सबसे बड़हन विस्फोट होलोसीन काल में एही इलाका में भइल बा।
दुनिया के जवन ज्वालामुखी समुद्र सतह से ऊपर बाड़न, उ अधिकतर एही रिंग ऑफ फायर में बा। एहमें मुख्य रूप से स्ट्रेटावल्कैनो बाड़ें – जइसे Mount St. Helens, जवन विस्फोट से राख आ लावा दूनों उगले ला। लावा में मुख्य रूप से एंडेसाइट आ बेसाल्टिक एंडेसाइट बाड़ें, बाकिर डेसाइट, रायोलाइट, बेसाल्ट वगैरह भी देखे के मिलेला। एकरे अलावे, एह इलाका में शील्ड वल्कैनो (जइसे प्लोस्की तोल्बाचिव) आ समुंद्र भीतरी ज्वालामुखी (जइसे मोनोवाई) भी बा।
![]() | ई भूआकृति बिज्ञान-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |