Jump to content

रघु राय

विकिपीडिया से
रघु राय
2015 में रघु राय
Born1942 (उमिर 82–83)
Nationalityभारतीय
Occupationsफोटोग्राफर, फोटोजर्नलिस्ट
Years active1965 – अबतक ले

रघु राय (जनम 1942) भारत के मशहूर फोटोग्राफर आ फोटो-जर्नलिस्ट हउअन। ऊ महान फोटोग्राफर हेनरी कार्तिए-ब्रेसों के शागिर्द रहलन। कार्तिए-ब्रेसों, जे खुदो फोटोग्राफी के दुनिया के दिग्गज रहलें, 1977 में जवान फोटो-जर्नलिस्ट रघु राय के ‘मैग्नम फोटोस’ से जुड़ावे खातिर नाम सुझवलन।

रघु राय 1960 के दशक के बीच में फोटोग्राफर के रूप में शुरुआत कइलन आ जल्दीए नई दिल्ली के ‘द स्टेट्समैन’ अखबार के स्टाफ में सामिल हो गइलन। 1976 में ऊ अखबार छोड़ दिहलन आ फ्रीलांस फोटोग्राफर के रूप में काम करे लागलन। 1982 से 1992 तक ऊ ‘इंडिया टुडे’ पत्रिका के फोटोग्राफी डाइरेक्टर रहलन।

रघु राय 1990 से 1997 तक ‘वर्ल्ड प्रेस फोटो’ के जूरी में भी सेवा कइलन। ऊ आपन किताबन खातिर खास जाने जात बाड़न, जइसे “Raghu Rai’s India: Reflections in Colour” आ “Reflections in Black and White”।