Jump to content

यश (एक्टर)

विकिपीडिया से
यश
2022 में यश
जनम
Naveen Kumar Gowda

(1986-01-08) 8 जनवरी 1986 (उमिर 40)
पेशाएक्टर
एक्टिव बरिस2004–अबतक ले
जीवनसंगी
राधिका पंडित (बि. 2016)
संतान2

नवीन कुमार (जनम: 8 जनवरी 1986), जे कामकाजी रूप में यश के नाँव से जानल जालें,[1] एगो भारतीय एक्टर आ फिलिम प्रोड्यूसर बाड़ें, जे मुख्य रूप से कन्नड़ फिलिमन में काम करेलें। यश कई गो सम्मान आ अवार्ड हासिल कइले बाड़ें। एह में तीन गो फिल्मफेयर अवार्ड साउथ आ पाँच गो साउथ इंडियन इंटरनेशनल मूवी अवार्ड (SIIMA) शामिल बा।[2][3][4]

यश अपना करियर के शुरुआत 2000 के दशक में कई गो टेलीविजन धारावाहिकन में अभिनय करके कइलें। 2007 में ऊ जंबदा हुडुगी फिलिम से अपना फिलिमी करियर के शुरुआत कइलें। 2008 में आइल रोमांटिक ड्रामा मोग्गिना मनसु उनकर करियर के अहम मोड़ साबित भइल। एह फिलिम खातिर उनकरा बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल। मुख्य अभिनेता के रूप में उनकर पहिलका फिलिम रॉकी (2008) रहे, बाकिर एह फिलिम के समीक्षक लोग पसंद ना कइलस आ ई बॉक्स ऑफिसो पर ई असफले रहल। एह बाद यश गुगली (2013), राजा हुली (2013), गजकेसरी (2014), मिस्टर एंड मिसेज रामाचारी (2014), मास्टरपीस (2015) आ संथु स्ट्रेट फॉरवर्ड (2016) जइसन सफल फिलिमन के जरिए कन्नड़ सिनेमा के प्रमुख अभिनेता के रूप में अपना पहचान बना लिहलें।

प्रशांत नील के बनावल केजीएफ के दू-भाग वाली सिरीज—केजीएफ: चैप्टर 1 (2018) आ केजीएफ: चैप्टर 2 (2022)—के अखिल भारतीय सफलता से यश के देशभर में पहचान मिलल। केजीएफ: चैप्टर 1 खातिर उनकरा बेस्ट एक्टर – कन्नड़ के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल, जबकि केजीएफ: चैप्टर 2 दुनिया भर में सबसे अधिक कमाई करे वाली कन्नड़ फिलिम बनल।

यश समाजसेवो के काम में सक्रिय बाड़ें। ऊ अपना पत्नी के साथ मिलके स्थापित यशो मार्ग फाउंडेशन के माध्यम से कई गो सामाजिक काम के बढ़ावा देलें। यश के बियाह अभिनेत्री राधिका पंडित से भइल बा आ दुनु के दू गो लइका बाड़ें।

निजी जिनगी

[संपादन करीं]

यश 2007 में टेलीविजन धारावाहिक नंदा गोकुला के सेट पर एक्ट्रेस राधिका पंडित से मिललें। बाद में कई गो फिलिमन में साथे काम करे के दौरान दुनु के बीच गहिर दोस्ती हो गइल आ धीरे-धीरे ऊ लोग एक-दूसरा के पसंद करे लागल। हालाँकि, कई बरिस तक दुनु अपना संबंध के निजी रखलें। मिस्टर एंड मिसेज रामाचारी, जे दुनु के साथे तीसरका फिलिम रहे, ओकर रिलीज के बाद मीडिया में उनकर रिश्ता के लेके अटकल बढ़े लागल। 12 अगस्त 2016 के यश आ राधिका गोवा में परिवार आ करीबी दोस्त लोग के मौजूदगी में आयोजित एगो निजी समारोह में सगाई कइलें। एह बाद 9 दिसंबर 2016 के बेंगलुरु में दुनु के बियाह भइल। एह समारोह में कर्नाटक के कई गो मशहूर कलाकार आ राजनेता लोग शामिल भइलें।

बियाह के बाद दू गो अलग-अलग स्वागत समारोह आयोजित कइल गइल—एगो परिवार आ दोस्त लोग खातिर, जबकि दोसरका बेंगलुरु पैलेस में प्रशंसक लोग खातिर रखल गइल। यश आ राधिका के दू गो लइका बाड़ें।


  1. "Rocking Star Yash: The Story Behind His Real Name Naveen". Kannada News Today.
  2. "Yash". The Times of India. ISSN 0971-8257. Retrieved 5 August 2023.
  3. "KGF: How Yash Starrer Went From Competing With Shah Rukh Khan, Dhanush To Becoming A Global Phenomenon". News18. 17 April 2022. Retrieved 5 August 2023.
  4. "Yash's first gift to Radhika Pandit will leave you in splits; Reveals if KGF star's beard still bothers her". PINKVILLA. 8 March 2023. Archived from the original on 5 August 2023. Retrieved 5 August 2023.