म्यूजिक स्ट्रीमिंग सर्विस
म्यूजिक स्ट्रीमिंग सर्विस ऑनलाइन स्ट्रीमिंग मीडिया सर्विस के एगो प्रकार हवे, जवन मुख्य रूप से म्यूजिक पर केंद्रित रहेला, आ कई बेर पॉडकास्ट जइसन डिजिटल ऑडियो सामग्री भी शामिल करे ला। ई सेवा आमतौर पर सब्सक्रिप्शन आधारित होला, जहाँ यूज़र मांग पर (ऑन-डिमांड) डिजिटल कॉपीराइट वाला गाना के सेंट्रलाइज्ड लाइब्रेरी से सुने ला। कुछ सेवा फ्री टायर भी देला, बाकिर ओहमें लिमिट होखेला—जइसे विज्ञापन देखावल जा सके लें आ कुछ बिसेस दसा में इस्तेमाल पर रोक।
एह सेवा में आमतौर पर रिकमेंडेशन सिस्टम भी होखेला, जवन यूज़र के सुने के इतिहास आ दोसरा कारक के आधार पर नया गाना सुझावेला। साथे ही यूज़र आपन प्लेलिस्ट बना सकेला आ दुसरे लोगन के संघे साझा भी कर सके ला।
2010 के दशक में म्यूजिक स्ट्रीमिंग सेवा तेजी से बढ़ल, आ 2015 में अमेरिका के म्यूजिक इंडस्ट्री में ऑनलाइन म्यूजिक स्टोर के पीछे छोड़ के सबसे बड़ा कमाई के स्रोत बन गइल। 2016 से ई कुल कमाई के अधिकतर हिस्सा देवे लागल। एह बढ़त के चलते, स्ट्रीमिंग सेवा के डेटा के बड़े रिकॉर्ड चार्ट के गणना में भी शामिल कइल जाए लागल, आ “एल्बम-इक्विवैलेंट यूनिट” नाम के नया तरीका विकसित कइल गइल, ताकि डिजिटल आ स्ट्रीमिंग के हिसाब से एल्बम के लोकप्रियता मापल जा सके।
धीरे-धीरे लोग अब पारंपरिक फिजिकल माध्यम (जइसे सीडी-उडी) छोड़ के स्ट्रीमिंग प्लेटफॉर्म पर जा रहल बा, काहे कि ई ज्यादा सुविधाजनक, विविधता वाला आ सस्ता लागेला। हालाँकि, स्ट्रीमिंग के आलोचनो होला कि एहसे कलाकार लोग के कमाई बहुत कम हो जाला, काहें से कि हर स्ट्रीम पर बहुत कम पइसा मिलेला-कब्बो-कब्बो त बस एक सेंट के दसवां हिस्सा भर होखे ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |