मोती बी. ए.
Appearance
(मोती बी.ए. से अनुप्रेषित)
मोती बीए | |
|---|---|
| जनम | मोतीलाल उपाध्याय अगस्त 1, 1919 देवरिया, उत्तर प्रदेश |
| निधन | जनवरी 18, 2009 (उमिर 89) |
| भाषा | भोजपुरी, हिंदी, उर्दू |
| राष्ट्रियता | भारतीय |
| शिक्षा | एम.ए., बीटी |
| महतारी संस्था | काशी विश्वविद्यालय |
| बिधा | गीत, कविता, लेख |
मोतीलाल उपाध्याय (1 अगस्त 1919 — 18 जनवरी 2009) जिनके मोती बी.ए. के नाँव से बेसी जानल जाला, भोजपुरी, हिंदी आ उर्दू भाषा के गीतकार, कवि आ साहित्यकार रहलें।[1] उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला में बरहज के लगे जनमल मोती बीए के भोजपुरी भाषा के गीत सभ के हिंदी सिनेमा में अस्थापित करे के श्रेय दिहल जाला। एकरे अलावा ऊ हिंदी फिलिम सभ खाती गीत भी लिखलें आ कई फिलिम सभ में एक्टिंगवो कइलें।
जीनगी
[संपादन करीं]मोती बीए उत्तर प्रदेश के देवरिया जिला मे जनमलन। बिद्यालय के पढ़ाई किंग जॉर्ज स्कूल से 1934 मे पूरा कइलन।[2] फेर बनारस हिंदू विश्वविद्यालय से 1938 मे बीए कइलन।
पेसा
[संपादन करीं]1944 से 1952 ले ई गीतकार आ संगीतकार रहलन। मोती बीए पंचोली आ फिल्मीस्तान जस कंपनी मे काम कइलन। 1952 मे देवरिया श्री कृष्ण इंटर कॉलेज मे ई प्राध्यापक बनलन।[3]
रचना
[संपादन करीं]- लतिका
- प्रतिबिम्बनी
- शेक्सपियर के सॉनेट का हिंदी पद्यानुवाद
- सेमर के फूल
- तुलसी रसायन
- मोती के मुक्तक
- महुआबारी
- बन बन बोले कोइलिआ
पुरस्कार आ मान
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "भोजपुरी की दुनिया में मोती बीए की है अमिट छाप". अमर उजाला.
{{cite news}}: CS1 maint: url-status (link) - ↑ "100 BIRTH ANNIVERSARY OF BHOJPURI WRITER MOTI BA". डेली बिहार. Archived from the original on 2020-06-10.
- ↑ तिवारी, अर्जुन (2014). भोजपुरी साहित्य के इतिहास (किताब). विश्वविद्यालय प्रकाशन. p. 165.
- ↑ "BHASHA SAMMAN AWARDEES". साहित्य अकादमी.
{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)