मैसिव ओपेन ऑनलाइन कोर्स

मैसिव ओपन ऑनलाइन कोर्स (MOOC), जेकरा के ओपन ऑनलाइन कोर्स भी कहल जाला, एगो अइसन ऑनलाइन कोर्स ह, जेकरा में असीमित संख्या में लोग हिस्सा ले सकेला आ जे इंटरनेट के माध्यम से सभे खातिर खुलल रहेला। पारंपरिक पढ़ाई के सामग्री, जइसे रिकॉर्ड कइल गइल लेक्चर, पढ़े के सामग्री आ अभ्यास प्रश्न के अलावा, बहुत से एमओओसी में इंटरैक्टिव पाठ्यक्रम भी होलें। एह में विद्यार्थी, शिक्षक आ शिक्षण सहायक (टीए) के बीच बातचीत खातिर यूजर फोरम भा सोशल मीडिया पर डिस्कसन के सुबिधान उपलब्ध रहेला। एकरा साथे, छोट परीक्षा (क्विज) आ असाइनमेंट पर तुरंत प्रतिक्रिया (फीडबैक) मिल जाला। एमओओसी दूरस्थ शिक्षा के क्षेत्र में बहुते अध्ययन कइल गइल एगो महत्वपूर्ण बिकास मानल जाला। एकर शुरुआत 2008 में भइल रहे, जबकि 2012 में ई सीखे के एगो लोकप्रिय तरीका बन गइल।
शुरुआती एमओओसी (यानी सीएमओओसी: कनेक्टिविस्ट एमओओसी) में खुला पहुँच (ओपन एक्सेस) पर खास जोर दिहल जात रहे। एह में सामग्री, कोर्स के ढाँचा आ सीखे के मकसद के खुला लाइसेंस के तहत उपलब्ध करावल जात रहे, ताकि लोग ओह कंटेंट आ मटेरियल के फेर से इस्तेमाल आ संशोधित कर सके। बाद में विकसित भइल कुछ एक्सएमओओसी (यानी एक्सटेंडेड एमओओसी) में कोर्स के स्टडी मटेरियल पर लाइसेंस लागू कइल गइल, हालाँकि विद्यार्थी लोग खातिर कोर्स तक मुफ्त पहुँच बरकरार रखल गइल।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]| विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया मैसिव ओपन ऑनलाइन कोर्स पर मौजूद बा। |
- UNESCO Open Learning, open online course platform by UNESCO
| ई लेख शिक्षा आ पढ़ाई से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |