Jump to content

मैथ्यू फोंटेन मरे

विकिपीडिया से
Matthew Fontaine Maury
Photograph of a man, seated, in a double-breasted naval uniform
as a U.S. Navy lieutenant in 1853
Born(1806-01-14)जनवरी 14, 1806
Spotsylvania County, Virginia, U.S.
Diedफरवरी 1, 1873(1873-02-01) (उमिर 67)
Lexington, Virginia, U.S.
Resting place
Hollywood Cemetery (Richmond, Virginia)
Occupationsओशनोग्राफर, नौसेना ऑफिसर, शिक्षाबिद, लेखक

मैथ्यू फोंटेन मरे (Matthew Fontaine Maury; 14 जनवरी 1806 — 1 फरवरी 1873) एगो अमेरिकी समुंद्र बिग्यानी (ओशनोग्राफर) आ नौसेना अधिकारी रहलें। ऊ पहिले संयुक्त राज्य अमेरिका के सेवा कइलें, आ बाद में अमेरिकी गृह युद्ध के दौरान कॉन्फेडरेसी के साथ जुड़ गइलें।

मरे के “पाथफाइंडर ऑफ़ दि सीज” आ फादर ऑफ़ मॉडर्न ओशनोग्राफी" कहल जाला, आ ऊ आधुनिक समुंद्र विज्ञान के संस्थापकन में से एक मानल जालन। ऊ एह विषय पर बहुत लिखलें, आ उनकर किताब द फिजिकल ज्योग्राफी ऑफ द सी (1855) समुंद्र विज्ञान पर प्रकाशित पहिला व्यापक (कंप्रीहेंसिव) ग्रंथ (किताब) मानल जाला।