मेष राशि
Appearance
मेष राशि (अंग्रेजी: Aries) (चीन्हा ♈︎; प्राचीन यूनानी: Kriós; लैटिन: Ariēs, मतलब “मेंढ़ा” चाहे भेड़ा) राशिचक्र (zodiac) के पहिली राशि हवे। ई आकाशीय देशांतर (celestial longitude) के सुरुआती 30 डिग्री (0° ≤ λ < 30°) तक बिस्तार लिहले बा, आ एकर संबंध मेष नक्षत्रमंडल से हवे। ट्रोपिकल राशिचक्र (tropical zodiac) के हिसाब से, सुरुज हर साल लगभग 21 मार्च से 20 अप्रैल तक एह राशि में रहेला। ई समय अवधि Solar Hijri calendar के पहिला महीना के बराबर होखेला, जवन अलग-अलग भाषा में अलग नाम से जानल जाला—अरबी में हमाल, फ़ारसी में फ़रवर्दिन, आ पश्तो में वरे के नाँव से जानल जाला। भारतीय निरयन सिस्टम के हिसाब से सुरुज 13/14 अप्रैल के लगभग में एह राशि में प्रवेश करे ला - ई तिहुआर भोजपुरी आ मिथिला क्षेत्र में सतुआन (मेष संक्रांति) के नाँव से मनावल जाला।