Jump to content

मेलबर्न यूनिवर्सिटी

विकिपीडिया से

द यूनिवर्सिटी ऑफ मेलबर्न भा आम बोलचाल में मेलबर्न यूनिवर्सिटी ऑस्ट्रेलिया के मेलबर्न में एगो पब्लिक रिसर्च यूनिवर्सिटी ह। 1853 में स्थापित ई ऑस्ट्रेलिया के दुसरकी सबसे पुरान यूनिवर्सिटी आ विक्टोरिया राज्य के सबसे पुरान यूनिवर्सिटी ह। एकर मेन कैंपस मेलबर्न के सेंट्रल बिजनेस डिस्ट्रिक्ट के उत्तर में अंदरूनी उपनगर पार्कविले में बा। एकरा अलावा विक्टोरिया राज्य में कई दूसर कैंपस भी बा।

19वीं सदी में विक्टोरिया के कॉलोनी द्वारा स्थापित द यूनिवर्सिटी ऑफ मेलबर्न ऑस्ट्रेलिया के छह सैंडस्टोन यूनिवर्सिटी में से एगो ह आ ग्रुप ऑफ एट, यूनिवर्सिटास 21, वॉशिंगटन यूनिवर्सिटी के मैकडॉनेल इंटरनेशनल स्कॉलर्स एकेडमी आ एसोसिएशन ऑफ पैसिफिक रिम यूनिवर्सिटीज के सदस्य ह। 1872 से कई स्वतंत्र रेजिडेंशियल कॉलेज यूनिवर्सिटी से जुड़ल बाड़ें, जे विद्यार्थी आ फैकल्टी खातिर रहे के जगह, पढ़ाई, खेल आ सांस्कृतिक प्रोग्राम उपलब्ध करावे लें। मेन कैंपस आ आसपास के उपनगरन में यूनिवर्सिटी के मालिकाई वाला नौ ठे कॉलेज आ पाँच रेजिडेंस हॉल बा।

मेलबर्न यूनिवर्सिटी के फैकल्टी, रिसर्चर आ एलुमिनाई सभ मिला के अबतक दस जना के नोबेल प्राइज मिल चुकल बाटे, एगो डैन डेविड प्राइज विजेता, चार ऑस्ट्रेलियाई प्रधानमंत्री आ पाँच गवर्नर-जनरल शामिल बाड़ें, जे गिनती में कवनहूँ दूसर ऑस्ट्रेलियाई यूनिवर्सिटी से बेसी बा। यूनिवर्सिटी में दस अलग-अलग अकादमिक यूनिट बा आ एकरा से कई संस्थान आ रिसर्च सेंटर जुड़ल बाड़ें। एह में वॉल्टर एंड एलिजा हॉल इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल रिसर्च, फ्लोरी इंस्टीट्यूट ऑफ न्यूरोसाइंस एंड मेंटल हेल्थ, मेलबर्न इंस्टीट्यूट ऑफ अप्लाइड इकोनॉमिक एंड सोशल रिसर्च आ ग्रैटन इंस्टीट्यूट शामिल बाड़ें। यूनिवर्सिटी में पंद्रह ग्रेजुएट स्कूल बाड़ें, जिनहन में मेलबर्न बिजनेस स्कूल, मेलबर्न लॉ स्कूल, मेलबर्न वेटरिनरी स्कूल आ मेलबर्न मेडिकल स्कूल शामिल बाड़ें।