मेथडोलॉजी
मेथडोलॉजी कौनों अध्ययन के शाखा में इस्तेमाल होखे वाला बिधि चाहे तरीका सभ (मेथड सभ) के बेवस्थित आ सैधांतिक बिस्लेषण हऽ। अलग-अलग बिसय (ज्ञान के शाखा) सभ में रिसर्च करे खातिर अलग-अलग किसिम के तरीका सभ के इस्तेमाल होला, एह तरीका सभ के बारे में डिटेल में आ बेवस्थित (सिस्टमेटिक) ढंग से सैद्धांतिक बिस्लेषण ओह बिसय के रिसर्च मेथडोलॉजी हवे।
हिंदी में एकरा के विधितंत्र चाहे अनुसंधान प्रणाली भी कहल जाला।