Jump to content

मुस्लिम दुनिया

विकिपीडिया से
देस अनुसार दुनियाँ में मुसलमानन के परसेंट आबादी (2012 डेटा)[1][अपडेट जरूरी]

मुस्लिम दुनिया (अंग्रेजी: Muslim world; मुस्लिम वर्ल्ड) भा इस्लामी दुनिया (अंग्रेजी: Islamic world; इस्लामिक वर्ल्ड) शब्द के इस्तेमाल आमतौर पर इस्लामी समुदाय खातिर कइल जाला, जेकरा के उम्मा भी कहल जाला। एह समुदाय में ऊ सभे लोग शामिल होलें जे इस्लाम के धार्मिक मान्यता, राजनीतिक विचार आ कानून के मानेलें, चाहे अइसन समाज में रहेलें जहाँ इस्लाम के पालन कइल जाला। आज के जियोपॉलिटिकल संदर्भ में, एह शब्दन के इस्तेमाल ओह देसन खातिर भी कइल जाला जहाँ इस्लाम व्यापक रूप से मानल जाला। हालाँकि, एह बात पर सबके एकमत राय नइखे कि कवन-कवन देस के एह श्रेणी में शामिल कइल जाव। एह अर्थ में मुस्लिम-बहुल देस शब्द के भी अक्सर इस्तेमाल कइल जाला।

ज्यादातर मुसलमान दू प्रमुख संप्रदाय में से कवनो एक से जुड़ल होलें—सुन्नी इस्लाम, जेकरा के लगभग 87 से 90% मुसलमान मानेलें, आ शिया इस्लाम, जेकरा के लगभग 10 से 13% मुसलमान मानेलें। एह दुनो के अलावा कुछ अउरी दूसर संप्रदाय भी बाड़ें, जइसे इबादी, जे मुख्य रूप से ओमान में पावल जालें। कुछ मुसलमान अइसनो बाड़ें जे कवनो खास इस्लामी संप्रदाय से अपना के ना जोड़ेलें, या जिनका के कवनो निश्चित इस्लामी शाखा में आसानी से शामिल ना कइल जा सके; एह लोग के गैर-सांप्रदायिक मुसलमान कहल जाला।

दुनिया के लगभग 13% मुसलमान इंडोनेशिया में रहे लें, जे सबसे अधिक मुस्लिम-बहुल आबादी वाला देस बा। लगभग 31% मुसलमान भारतीय उपमहादीप (दक्खिन एशिया) में रहेलें, जहाँ दुनिया के सबसे अधिक मुसलमान आबादी बसल बा। करीब 20% मुसलमान मध्य पूर्व आ उत्तर अफ्रीका में रहेलें, जहाँ इस्लाम प्रमुख धर्म बा। एकरे अलावा लगभग 15% मुसलमान सहारा के दक्खिन वाला अफ्रीका आ पश्चिमी अफ्रीका में रहेलें, खासकर नाइजीरिया में।

मध्य एशिया के अधिकतर देस में मुसलमान बहुसंख्यक बाड़ें। कॉकेसस क्षेत्र के लगभग आधा आबादी मुसलमान बा, जबकि दक्खिन-पुरुब एशिया में भी मुसलमान बड़हन संख्या में रहेलें। मुस्लिम-बहुल देसन के बाहर दुनिया के सबसे अधिक मुसलमान आबादी भारत में बा। पाकिस्तान, बांग्लादेश, ईरान आ मिस्र में क्रमशः दुनिया के दूसरा, चौथा, छठवाँ आ सातवाँ सबसे बड़ा मुसलमान आबादी बसल बा। एकरे अलावा अमेरिका महाद्वीप, रूस, भारत, चीन आ यूरोप में भी मुसलमान लोग के बड़ी आबादी रहेला।

कई अध्ययन के अनुसार, इस्लाम दुनिया के सबसे तेजी से बढ़े वाला प्रमुख धर्म बा। एकर मुख्य कारण मुसलमान समाज में अपेक्षाकृत ज्यादा जन्म दर मानल जाला। एह अध्ययन में इहो बतावल गइल बा कि धर्म परिवर्तन से मुसलमान आबादी पर खास असर नइखे पड़त, काहेकि जेतना लोग इस्लाम अपनावेला, लगभग ओतने लोग इस्लाम छोड़ो देला। मुस्लिम-बहुल देसन के बाहर भारत के बाद चीन में तीसरका सबसे अधिक मुसलमान आबादी बा, जबकि रूस पाँचवाँ स्थान पर बा। अफ्रीका में सबसे अधिक मुसलमान आबादी नाइजीरिया में बा, जबकि एशिया में सबसे अधिक मुसलमान आबादी इंडोनेशिया में बा।

  1. "Religious Composition by Country (December 2012)" (PDF). Pew Research Center.