मुख्य पन्ना/प्रस्ताव

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
विकिपीडिया पर स्वागत बा
एगो खुला ज्ञानकोश जहाँ केहू भी संपादन क सकत बा

20:36 यूटीसी, शनिच्चर
16 दिसंबर 2017
9,457 लेख भोजपुरी में बाने

विकिपीडियन समाज

योगदान कइसे करब?
विकिपरिचय · मदद चाहत बा?
चौपाल · सवाल जबाब · विकिपीडिया पंचशील

बिसयसूची
पर्यावरण · भूगोल आ जगह · कला
बेहवारिक बिज्ञान · प्राकृतिक बिज्ञान · टेक्नोलॉजी
समाज · लोग · सगरी बिसय

विकिपीडिया के बारे में
link=वि:बारे में

आप एह समय विकिपीडिया के भोजपुरी संस्करण पर बानी। ई इंटरनेट आधारित एक ठो फ्री ज्ञानकोश हऽ। 15 जनवरी, 2001 के विकिपीडिया का सुरुआत जिम्मी वेल्स आ लैरी सैंगर द्वारा मिल के कइल गइल। अब एकर मलिकाई एक ठो गैर-लाभकारी संस्था 'विकिमीडिया फाउंडेशन' करत बा। विकिपीडिया पर वालंटियर लोग संपादन क के जानकारी बढ़ावे में योगदान करे ला। मई 2017 में कुल 285 भाषा में विकिपीडिया के प्रोजेक्ट चालू रहल; एकरे अंगरेजी संस्करण में 54 लाख+ लेख रहलें आ भोजपुरी संस्करण में 9,000+ लेख रहलें। जे केहू के भी इंटरनेट ले पहुँच बा ऊ विकिपीडिया पर लिख सकत बा।

आपो इहाँ मदद क सकत बानी!

  • लेख पढ़ीं: लेख पढ़ीं, दुसरा लोग के भी पढ़वाईं, ई केहू के भोजपुरी सीखे में भी मददगार हो सके लें।
  • लिखीं: बढ़ियाँ ज्ञानकोश के बिसेसता हवे सहज आ भरपूर जानकारी वाला लेख। सहज तरीका से बुझा जाए वाली भाषा में इहाँ जानकारी बढ़ावे खातिर लिखीं
बढ़ियाँ लेख
भारत के झंडा

भारत, पूरा नाँव भारत गणराज्य, दक्खिन एशिया में एगो देश बा। भारतीय साहित्य में एकरा के जम्बूद्वीप, आर्यावर्त, आ अजनाभदेश भी कहल गइल बा। क्षेत्रफल के हिसाब से बिस्व के सातवाँ, जनसंख्या अनुसार दुनिया के दुसरा सबसे सबसे बड़हन देस बाटे।

उत्तर में हिमालय, दक्खिन में हिंद महासागर, पच्छिम में अरब सागर आ पूरुब ओर बंगाल के खाड़ी से घेराइल ई एह क्षेत्र आ बिस्व में एक ठो महत्वपूर्ण आर्थिक, राजनीतिक आ सैनिक ताकत बा। बिस्व के सबसे बड़हन लोकतंत्र आ बिस्व में दसवाँ सबसे बड़हन अर्थव्यवस्था (नामिक जी॰डी॰पी॰ पर) हऽ।

हिमालय के ऊँच पहाड़, उत्तरी भारत के मैदान, दक्खिनी प्रायदीप के पठार आ समुंदरी किनारा के मैदान एकर प्रमुख भूगोलीय हिस्सा बाने; पच्छिम में थार के सूखा रेगिस्तान से ले के दूर पुरुब में चेरापूँजी आ मॉसिनराम संसार के सभसे ढेर बरखा वाला जगह इहाँ बा।

गंगा नदी इहाँ के राष्ट्रीय नदी बा आ महावीर अउरी गौतम बुद्ध नियर लोग के करमभूईं रहल बा। भारतीय संस्कृति के सभसे मुख्य बिसेसता बा एकर बहुरंगी रूप। भारत में बहुत प्रकार के जाति, प्रजाति आ धर्म के लोग बाटे आ भारत के एक क्षेत्र से दूसरा क्षेत्र में खान-पान, रहन-सहन जइसन चीजन में बहुत अंतर होखले के बावजूद भारतीय संस्कृति के एगो अलग पहचान बा।
समाचार में
रामनाथ कोविंद
का आपके मालुम बा?
आम
  • ... कि केल्ट-9बी नाँव के बाहरीग्रह, अबतक ले खोजल गइल ग्रह सभ में सभसे गरम ग्रह बाटे।
  • ... कि 1963 में रिलीज होखे वाली गंगा मइया तोहें पियरी चढ़इबों भोजपुरी में बनल पहिली फिलिम रहल।
  • ... कि आम (फोटो में देखावल) भारत, पाकिस्तानफिलिपींस के राष्ट्रीय फल हवे आ बांग्लादेश के राष्ट्रीय फेड़ हवे?
  • ... कि सुपरमून के स्थिति में, पुर्नवासी के दिन पृथ्वी आ चंद्रमा के बीच के दूरी कम होखे के कारण चंद्रमा १५% तक ले बड़ आ ३०% तक ले ढेर चमकदार लउके ला।
  • ... कि नोहकलिकाई भारत के सबसे ऊँच झरना (सिंगल ड्रॉप, ऊँचाई ३४० मीटर) बाटे, जवन पूर्ब खासी पहाड़ी पर चेरापूंजी के लगे बा।
गर्ल इन वाइट

गर्ल इन वाइट एगो ऑयल पेंटिंग हवे, कैनवास पर बनल ई पेंटिंग विन्सेंट वैन गॉग द्वारा फ्रांस में रहत घरी सन 1890 में बनावल गइल। पेंटिंग में एगो किसान औरत सफेद कपड़ा पहिरले देखावल गइल बाटे। वर्तमान में ई पेंटिंग वाशिंगटन में नेशनल गैलरी ऑफ आर्ट में रखल गइल बा।

पेंटिंग: विन्सेंट वैन गॉग

  • हाल में देखावल गइल:

विकिपीडिया के होस्ट एगो गैर-लाभकारी संस्था विकिमीडिया फाउंडेशन हवे, ई अइसने अउरी कई गो प्रोजेक्ट भी होस्ट करे ले:

विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
विक्शनरी विकिस्रोत विकिकहनाम विकिताब विकिजतरा विकिन्यूज विकिवर्सिटी विकिप्रजाति विकिमीडिया कॉमंस विकिडेटा मेटा विकि
एगो डिक्शनरी किसिम-किसिम के मूल डाकुमेंट महान लोग के कहनाम पाठमाला आ बेसिक किताब पर्यटन आ जतरा गाइड समाचार आ हाल के घटना ढेर खा पढ़ाई के संसाधन जिया-जंतु के प्रजाति जानकारी जहाँ फ्री मीडिया रखल जाला एक ठो बिसाल डेटाबेस विकिमीडिया प्रोजेक्टन  के कोऑर्डिनेशन