Jump to content

मिचल मार्श

विकिपीडिया से
मिचल मार्श
2018 में मार्श
Personal information
पूरा नाँव
मिचल रॉस मार्श
जनम (1991-10-20) 20 अक्टूबर 1991 (उमिर 34)
Attadale, Western Australia
हाईट1.93[1] मी (6 फुट 4 इंच)
बैटिंगदँयहत्था
बॉलिंगदँयहत्था मीडियम पेसर
रोलआल-राउंडर

मिचल रॉस मार्श (जनम 20 अक्टूबर 1991) एगो ऑस्ट्रेलियन अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट खिलाड़ी हउवें जे ऑस्ट्रेलिया खातिर तीनों फॉर्मेट (टेस्ट, वनडे, टी20) में खेलत बाड़ें। मार्श एह समय ऑस्ट्रेलिया के टी20 टीम के कप्तान हउवें, आ ऊ हर फॉर्मेट में उप-कप्तान के रूप में भी काम कइले बाड़ें। घरेलू क्रिकेट में ऊ वेस्टर्न ऑस्ट्रेलिया खातिर खेलेलन आ बिग बैश लीग (BBL) में पर्थ स्कॉर्चर्स के टीम में बाड़ें।

मार्श ओह ऑस्ट्रेलियन टीम के हिस्सा रहलें जे 2015 के क्रिकेट वर्ल्ड कप, 2021 के टी20 वर्ल्ड कप जीतलस, आ 2023 के क्रिकेट वर्ल्ड कप में ऊ उप-कप्तान रहलें।

मार्श पहिले डेक्कन चार्जर्स, पुणे वॉरियर्स इंडिया, सनराइजर्स हैदराबाद, आ दिल्ली कैपिटल्स खातिर आईपीएल में खेल चुकल बाड़ें।

  1. "Mitch Marsh". perthscorchers.com. Perth Scorchers. Archived from the original on 3 December 2013. Retrieved 16 February 2014.