Jump to content

मालिनी अवस्थी

विकिपीडिया से
मालिनी अवस्थी
2016 में मालिनी अवस्थी
2016 में मालिनी अवस्थी
Background information
Born
Originलखनऊ, उत्तर प्रदेश, भारत
Genresभारतीय लोक संगीत
Occupationलोकगीत गायिका
Years active1985 – अबले

मालिनी अवस्थी (जनम: 15 अक्टूबर 1966[1]) एगो भारतीय गायिका बाड़ी, जिनका के अक्सर "भारत के लोकगीतन के रानी" (फोक क्वीन ऑफ़ इंडिया) कहल जाला।[2][3] शास्त्रीय संगीत के बाकायदा तालीम लिहले के कारण ऊ हिंदुस्तानी संगीत के कई ठे रूप, जइसे पुरान दादरा, ठुमरी, कजरी, चैती आदि में बराबर निपुण बाड़ी। संगीत के उनकर गहिर जानकारी उनकर गावल गजल आ सूफियाना कलाम सभ में भी साफ झलकेला।

ऊ पद्म विभूषण सम्मानित विदुषी गिरिजा देवी के गंडा-बाँध शिष्या बाड़ी आ बनारस घराना के चौमुखी गायन परंपरा के जानकार मानल जाली। अवधी, भोजपुरी, बुंदेली आ ब्रज जइसन कई गो बोली आ भाषा पर उनकर बराबर पकड़ बा।

  1. "Maharana Mewar Foundation 37th Annual Awards Distribution Ceremony-2019 Manek Chowk, The City Palace, Udaipur on 10th March 2019". Eternal Mewar News. 10 March 2019. p. 1. Archived from the original on 15 July 2025. Retrieved 21 July 2026.
  2. "'Save the dying folk Music of India' – Malini Awasthi" (अंग्रेजी में). Retrieved 2 September 2024.
  3. "The Queen of folk". Deccan Herald (अंग्रेजी में). Retrieved 2 September 2024.