माया देवी मंदिर, लुंबिनी
Appearance
मायादेवी मंदिर | |
---|---|
![]() पुष्करिणी के ओर से मंदिर के सीन | |
बेसिक जानकारी | |
लोकेशन | लुंबिनी |
अक्षांस-देशांतर | 27°28′10″N 83°16′33″E / 27.469554°N 83.275788°Eनिर्देशांक: 27°28′10″N 83°16′33″E / 27.469554°N 83.275788°E |
धर्म/मत | बौद्ध धर्म |
देस | नेपाल |
पूरा भइल | 3री सदी ईपू (मायादेवी मंदिर) ~550 ईपू (नीचे के पुरान बौद्ध विहार) |
माया देवी मंदिर, नेपाल के लुंबिनी में एगो प्राचीन मंदिर बा आ ई यूनेस्को के वर्ल्ड हेरिटेज साइट ह। परंपरानुसार एही जगह पर गौतम बुद्ध क जन्म भइल मानल जाला जहाँ बाद के समय में ई मंदिर बनावल गइल; बौद्ध परंपरा में बुद्ध के जनम के समय ई अस्थान एगो जंगल रहल।
मंदिर के समीप एक ठो ताल बा जेकरा के पुष्करिणी कहल जाला अउरी एगो बगीचा बा। मंदिर के जगह पर प्राचीन काल के ईंटा क बनल ढाँचा के पहिचान तीसरी शती ईसा पूर्व के अशोक के बनवावल चीज के रूप में कइल जाला। 2013 में एकरी लगे एक ठो लकड़ी के बनल बौद्ध बिहार के ढाँचा मिलल जे छठईं सदी ईसा पूर्व के बनल ह अइसन पहिचान कइल गइल।
![]() | ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |