मानव गुदा

मानव शरीर में गुदा (अंग्रेजी: anus, एनस) मलाशय (रेक्टम) के बाहरी खुला हिस्सा हवे, जवन नितंब (चुत्तर) के बीच वाला भाग (इंटरग्लूटियल क्लिफ्ट) में एक ठो गोल छेद के रूप में रहेला। गुदा से टट्टी बाहर निकले के काम दू गो मांसपेशी (स्फिंक्टर) द्वारा नियंत्रित होला—भीतरी एनल स्फिंक्टर आ बाहरी एनल स्फिंक्टर। ई गोलाकार मांसपेशी होखेली, जवन आमतौर पर रास्ता बंद रखेली, आ जरूरत पड़ला पर ढीला हो जालीं। भीतरी स्फिंक्टर अपने-आप (अवचेतन रूप से) काम करेला, जबकि बाहरी स्फिंक्टर आदमी के नियंत्रण (इच्छा) में रहेला।
गुदा के ऊपर वाला बाहरी हिस्सा पेरिनियम कहल जाला, जवन औरतन में योनि (वल्वा) के नीचे आ पुरुष में अंडकोष (स्क्रोटम) के नीचे स्थित होला।
काहे कि ई हिस्सा मल के संपर्क में रहेला, एसे इहाँ कई तरह के बीमारी हो सकेली—जइसे पाइल्स (हैमोरॉयड्स)। एह जगह पर संक्रमण (इन्फेक्शन) आ गंभीर बीमारी—जइसे एनल कैंसर—भी हो सकेला।
यौन व्यवहार (sexuality) में, एनस (गुदा) भी भूमिका निभा सकेला, खासकर एनल सेक्स के दौरान। एह विषय पर अलग-अलग समाज में अलग-अलग राय पावल जाला, आ कुछ देशन में ई गैरकानूनी भी बा। कुछ यौन संचारित बेमारी (sexually transmitted infections)—जइसे एचआईवी/एड्स आ एनल वार्ट्स—एनल सेक्स के माध्यम से फैल सकेली।
गुदा के अक्सर शरीर के एगो टैबू (taboo) वाला हिस्सा मानल जाला, आ एकरा खातिर कई तरह के आम (कभी-कभी अशिष्ट) शब्द भी इस्तेमाल होखेला।
इहो देखल जाय
| ई शरीररचना-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |