Jump to content

महावतार नरसिंह

विकिपीडिया से
Mahavatar Narsimha
चित्र:Mahavatar Narsimha film poster.jpg
Theatrical release poster
डाइरेक्टरAshwin Kumar
प्रोड्यूसर
  • Shilpaa Dhawan
  • Kushal Desai
  • Chaitanya Desai[1]
Dialogues by
लेखकJayapurna Das
आधारNarasimha Purana
Vishnu Purana
Srimad Bhagavata Purana[2]
कलाकारAditya Raj Sharma
Haripriya Matta
Sanket Jaiswal
Priyanka Bhandari
Vasundhra Bose
Harjeet Walia
संगीतकारSam C. S.
संपादक
  • Ashwin Kumar
  • Ajay Varma
प्रोडक्शन
कंपनी
डिस्ट्रीब्यूटरSee below
रिलीज के तारीख
  • 25 नवंबर 2024 (2024-11-25) (IFFI)
  • 25 जुलाई 2025 (2025-07-25) (India)
लंबाई (समय)
131 minutes (theatrical)[3]
141 minutes (IFFI)[4]
भाषा
बजट₹40 crore[5]
बॉक्स ऑफिस₹282 crore[6][7]

महावतार नरसिंह 2024 के भारतीय एनिमेटेड महाकाव्य भक्तिपूर्ण ऐक्शन फिलिम बा, जेकर निर्देशन अश्विन कुमार कइले बाड़ी स पहिले बेर, लेखन जयपूर्णा दास कइले बा आ ई फिलिम के निर्माण क्लीम प्रोडक्शन्स कइले बा। ई फिलिम के प्रस्तुति होम्बले फिलिम्स कइलस।

ई फिलिम "महावतार सिनेमैटिक यूनिवर्स" के पहिला किस्त बा, जे सात हिस्सा में बनावल जाई आ जेकर आधार भगवान विष्णु के दस अवतार (दशावतार) पर बा।

फिलिम में भगवान विष्णु के दिव्य अवतारन के कथा देखावल गइल बा – पहिले वराह अवतार आ बाद में नरसिंह अवतार

वराह, एगो बलवान सूअर रूप, धरती माता (भूदेवी) के असुर हिरण्याक्षा से बचावेला। ओकरा पर विजय पावे के बाद कथा आगू बढ़ेला आ हिरण्याक्षा के भाई हिरण्यकशिपु पर आ जाला। हिरण्यकशिपु वरदान पाईला के बाद अपना के खुदा घोषित करेला आ विष्णु भक्तन के सतावेला। ओकर बेटा प्रह्लाद, जे भगवान विष्णु के अनन्य भक्त रहलें, अपना बाप के धमकी के बावजूद भगवान पर अटल विश्वास राखेलन।

प्रह्लाद के बचावे खातिर आ अधर्म के नाश करे खातिर, भगवान विष्णु नरसिंह रूप (आधा आदमी–आधा सिंह) में प्रकट होखेलन आ हिरण्यकशिपु के मार देलन। एह तरह भगवान विष्णु ब्रह्मा जी के वरदान के नियम भंग न कइला के बावजूद दुष्ट के नाश कइले।

महावतार नरसिंह फिलिम में दशावतार के ई दुई महान प्रसंग (वराह आ नरसिंह) के संग-साथ जोड़े के कोसिस कइल गइल बा। कथा में दिव्य न्याय, अटल भक्ति आ सज्जनन के रक्षा खातिर भगवान के सनातन वचन के उजागर कइल गइल बा।

  1. "Hombale Films' Vijay Kiragandur on Mahavatar Narsimha under Mahavatar series: ' It will present awe-inspiring tales of Lord Vishnu's avatars &...'". Firstpost (अंग्रेजी में). 2024-12-05. Retrieved 2025-08-03.
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named Director Ashwin Kumar - 1
  3. "Mahavatar Narsimha". Central Board of Film Certification. Retrieved 2025-08-15.
  4. "MAHAVATAR NARSIMHA MYIFFI".
  5. "Mahavatar Narsimha director Ashwin Kumar: We were in competition with films like Saiyaara, but saw this response coming". Hindustan Times (अंग्रेजी में). 7 August 2025. Retrieved 11 August 2025.
  6. "'Mahavatar Narsimha' box office collections Day 28: Ashwin Kumar's animation epic continues its golden run, nears Rs 300 crore at worldwide box office". The Times of India. 23 August 2025. Retrieved 25 August 2025.
  7. "Mahavatar Narsimha Day 27: Box Office Roars Past ₹282 Cr, Eyes ₹300 Cr Mark". The Hans India. Retrieved 21 August 2025.


उद्धरण खराबी:<ref> tags exist for a group named "नोट", but no corresponding <references group="नोट"/> tag was found