Jump to content

मनाली

विकिपीडिया से
मनाली
ऊपर से घड़ी के सुई के दिसा में: मनाली के हवाई व्यू, धौलाधार व्यू, मनाली के परबत श्रेणी, बर्फ़बारी के बाद मनाली, मनाली में नदी, माल रोड
मनाली के लोकेशन देखाव हिमाचल आ भारत के नक्शा
मनाली के लोकेशन देखाव हिमाचल आ भारत के नक्शा
मनाली
मनाली के लोकेशन देखाव हिमाचल आ भारत के नक्शा
मनाली के लोकेशन देखाव हिमाचल आ भारत के नक्शा
मनाली
Coordinates: 32°14′35″N 77°11′21″E / 32.243177°N 77.189246°E / 32.243177; 77.189246निर्देशांक: 32°14′35″N 77°11′21″E / 32.243177°N 77.189246°E / 32.243177; 77.189246
देश भारत
राज्यहिमाचल प्रदेश
जिलाकुल्लू
Named afterमनु
Elevation
2,050 m (6,730 ft)
Population
 (2011)
  Total
8,096[1]
  Rank22वाँ (राज्यन में)
भाषा
  ऑफिशियलहिंदी
  क्षेत्रीयकुल्लुई पहाड़ी भाषा[2]
Time zoneUTC+5:30 (IST)
पिनकोड
175131
फोन कोड+911902
Vehicle registrationHP-58

मनाली (अंग्रेजी: Manali) जेकरा कुल्लू-मनाली एक संघहू बोलावल जाला, हिमाचल प्रदेश के कुल्लू जिला में स्थित एगो मशहूर पर्वतीय पर्यटन नगर (हिल स्टेशनरिसॉर्ट सिटी) हवे। ई कुल्लू शहर के नगीचे, ब्यास नदी के बनावल कुल्लू घाटी के उत्तरी माथ पर बसल बा। मनाली, राज्य के राजधानी शिमला से करीबन 270 किलोमीटर (170 मील) उत्तर में आ भारत के राजधानी नई दिल्ली से लगभग 544 किलोमीटर (338 मील) उत्तर-पूरुब में पड़े ला। मनाली भारत के सबसे पॉपुलर टूरिस्ट डेस्टिनेशन सभ में से एक हवे। ई लाहौल-स्पीति जिलालद्दाख के लेह शहर जाए वाला यात्रियन खातिर हिमालय के दुर्गम हिस्सा में दरवाजा के काम करे ला।[3]

इतिहासिक रूप से, प्राचीन काल (पुराना जमाना) में, मनाली एगो ब्यापारिक मार्ग के शुरुआती पड़ाव भी रहे। ई मार्ग लाहुल आ लद्दाख से होके कराकोरम दर्रा पार करत चीन के तारिम बेसिन में स्थित यारकंदखोतान तक जाइल करे। एह रस्ता के जरिये से प्राचीन काल में ब्यापारिक आ सांस्कृतिक संपर्क स्थापित रहत रहे। 2011 के भारत जनगणना के अनुसार, मनाली नगर परिषद क्षेत्र के आबादी 8,096 रहल, जवना में 4,717 पुरुष आ 3,379 महिला शामिल रहली। नाया अनुमानन के हिसाब से 2025 तक नगर के आबादी बढ़ के लगभग 11,700 हो गइल बा।[4]

ट्रैफिक जाम

[संपादन करीं]

हाल के सालन में, गर्मी के सीजन में, उत्तर भारत के अउरी कई पहाड़ी टूरिस्ट सिटी सभ के नियन मनालियो में भारी ट्रैफिक जाम एगो समस्या के रूप ले लिहले बाटे। उत्तर भारत के मैदानी इलाका के लोग — जइसे कि दिल्ली, हरियाणा आ पच्छिमी उत्तर प्रदेश के लोग — पहाड़न पर एह सीजन में टूट पड़े ला आ एह हिल स्टेशन सभ ले पहुँचे वाला रस्ता पर भारी जाम लाग जाला। कई बेर ई जाम 10 किमी से बेसी लमहर हो जाला। गलत तरीका से ओभरटेक कइल[5] आ ट्रैफिक नियम के उलंघनो एह जाम लागे के प्रमुख कारन बाड़ें।


इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Manali (Kullu, Himachal Pradesh, India) - population statistics, map, and location". Retrieved 1 August 2014.
  2. "Language and dialect of Himachal Pradesh" (PDF). Literary Herald.
  3. Paper also Presented at the International Seminar on Disasters, Environment and Development, 9-12 December 1994, New Delhi, India -by James S. Gardner (1995). Tourism and Risk from Natural Hazards: Manali, Himachal Pradesh, India. Natural Resources Institute, University of Manitoba.
  4. "Manali Municipal Council City Population Census 2011-2025 | Himachal Pradesh". www.census2011.co.in. Retrieved 26 July 2025.
  5. "मनाली हाईवे पर लगा 10 KM लंबा ट्रैफिक जाम, एरियल व्यू में दिखे बेहद खराब हालात; आखिर क्यों थम गई पर्यटकों की गाड़ियां? - manali highway 10km traffic jam tourists stuck in himachal". दैनिक जागरण (Hindi में). 13 जून 2026. Retrieved 15 जून 2026.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]