मक्का (शहर)

विकिपीडिया से

मक्का सउदी अरब देस के हेजाज प्रांत में एगो शहर बा जे मुसलमान लोग के पबित्र अस्थान हवे आ हेइजे साल में एक बेर मुसलमान लोग के भारी जमावड़ा होला जब ऊ लोग पबित्र तीर्थजात्रा हज करे आवे ला। शहर जेद्दा से करीब 70 किलोमीटर भीतर के ओर एगो पातर घाटी में बा आ मदीना से ई लगभग 340 किलोमीटर दक्खिन में पड़े ला।

शहर के आपन आबादी करीब बीस लाख बा बाकी हज के समय में एकरा तीन गुना तक ले लोग इहाँ आवे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]