Jump to content

भूजा

विकिपीडिया से
भूजा
किसिमस्नैक्स, नाश्ता, खरमेटाव
उत्पत्ती अस्थानभारत
क्षेत्रउत्तर भारत
मुख्य सामग्रीचाउर, मोम्फली, दाल, अउरी कई किसिम के बीया आ मेवा

भूजा चाहे भूँजा, एक किसिम क भारतीय स्नैक्स ह। ई चाउर, चना, जौ, मोम्फली नियर अनाज चाहे बिया सभ के भूज के बनावल जाला आ सुबेरे साँझ हल्का फुल्का खाना (स्नैक्स) के नियर खाइल जाला। एकरा के गुड़-भेली के साथे खाइल जा सके ला चाहे नमक आ चटनी के साथे खाइल जा सके ला। उतर भारत में ई आज के समय में ठेला पर बिकाला जहाँ कई किसिम के अनाज के तुरंते भूज के कागज के ठोंगा में भर के बेचल जाला।