Jump to content

भारतीय धार्मिक पंथ

विकिपीडिया से
From top to bottom, from left to right: the Om (Hinduism), the Dharmachakra (Buddhism), the Jain Prateek Chihna (Jainism) and the Khanda (Sikhism) are the symbols commonly used to represent the four major Indian religions.

भारतीय धार्मिक पंथ, जिनहना के भारतीय धर्म, धार्मिक पंथ चाहे धार्मिक परंपरा भी कहल जाला, ऊ सभ पंथ हवें जवन भारतीय उपमहाद्वीप में पैदा भइलें। एह धार्मिक पंथ (भा आम चलन में धर्म) सभ में बौद्ध धर्म, हिंदू धर्म, जैन धर्म, सिख धर्म आ एह सिद्धांत पर आधारित अउरी पंथ आ परंपरा शामिल बाड़ी स, आ इनहना के अंग्रेजी-यूरोपीय लोग पूर्वी धर्म (ईस्टर्न रेलिजन) के हिस्सा माने ला।

हालाँकि एह भारतीय धार्मिक पंथ सभ के इतिहास से आपस में जुड़ल बाड़ें, आ भारत अलग-अलग धार्मिक समुदायन (संप्रदानन) के व्यापक समूह हवे, आ इनहन के बिस्तार आ मान्यता खाली भारतीय उपमहाद्वीप तक ले सीमित ना बाटे।