भादो
Appearance
(भादों से अनुप्रेषित)
भादो (संस्कृत: भाद्रपद) हिंदू कलेंडर के एक ठो महीना हवे। काशी क्षेत्र में प्रचलन में बिक्रम संवत के अनुसार भादो साल के छठवाँ महीना होला। अंग्रेजी (ग्रेगोरियन कैलेंडर) के हिसाब से एह महीना के सुरुआत कौनों फिक्स डेट के ना पड़ेला बलुक खसकत रहेला। आमतौर पर ई अगस्त/सितंबर के महीना में पड़े ला।
भारतीय राष्ट्रीय पंचांग, जेवन सुरुज आधारित होला, में भादो छठवाँ महीना हवे आ ग्रेगोरियन कैलेंडर के 23 अगस्त से एकर सुरुआत होखे ला। नेपाल में चलनसार कैलेंडर के हिसाब से ई साल के पाँचवाँ महीना हवे। बंगालियों कलेंडर में ई पाँचवाँ महीना होला।
प्रमुख तिहुआर सभ
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]| ई हिंदू धर्म-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |